आम

आम एक ठो कोइली वाला फल हवे। एकर बड़हन आकार के ऊँच फेड़ होला। आम के फेड़ के बनस्पति बिज्ञान के बर्गीकरण में मैंगीफेरा जाति में रखल जाला। ई गरम इलाका सभ में पैदा होखे हवे आ एकरे फल खातिर बगइचा लगा के खेती होला। आम के कइयन गो प्रजाति सभ प्रकृति में जंगली तरीका से भी पावल जालीं।

इसरो

इसरो (पूरा नाँव भारतीय अंतरिक्ष रिसर्च संगठन) भारत सरकार के अंतरिक्ष एजेंसी हवे। एकर मुख्यालय बंगलौर, कर्नाटक में बा। एह एजेंसी के मकसद "राष्ट्रीय बिकास खातिर अंतरिक्ष टेक्नोलॉजी के सदुपयोग" कइल बा, जेवना खातिर ई अंतरिक्ष बिज्ञान में रिसर्च आ ग्रह-उपग्रह सभ पर खोज के काम करे ले।साल 1969 इसरो के गठन भइल आ ई 1962 में भारत के पहिला परधानमंत्री जवाहरलाल नेहरू आ उनके नजदीकी रहल बैज्ञानिक विक्रम साराभाई स्थापित के प्रयास से 'अंतरिक्ष रिसर्च खातिर भारतीय राष्ट्रीय कमेटी' (INCOSPAR) के जगह लिहलस। इसरो के गठन से भारत में अंतरिक्ष रिसर्च के संस्थागत रूप मिल गइल। ई भारत सरकार के अंतरिक्ष बिभाग के अधीन काम करे ले आ अंतरिक्ष बिभाग खुद सीधे परधानमंत्री के रिपोट करे ला।

केरल

केरल दक्खिन भारत में मालाबार किनारा पर एगो राज्य बा आ एकर राजधानी तिरुअनंतपुरम (त्रिवेंद्रम) शहर बा। एह राज्य के गठन 1 नवंबर 1956 के भइल जब भारत के राज्य पुनर्गठन आयोग अधिनियम द्वारा मलयालम भाषा बोले वाला लोग के इलाका के एगो अलगा से राज्य के दर्जा दिहल गइल। लगभग 38,863 किमी2 (15,005 वर्ग मील) रकबा के बिस्तार वाला ई राज्य उत्तर आ उत्तर-पूरुब में कर्नाटक, दक्खिन पूरुब में तमिलनाडु आ पछिम ओर लक्षदीप सागर से घेराइल बा। लक्षदीप सागर मूल रूप से अरब सागर के हिस्सा हवे आ एह किनारा के मालाबार किनारा कहल जाला। केरला के कुल जनसंख्या, 2011 के जनगणना के मोताबिक 33,387,677 बा आ एह राज्य के प्रशासन के हिसाब से 14 गो जिला में बाँटल गइल बा। मलयालम इहाँ के सभसे चलनसार भाषा आ ऑफिशियल भाषा हवे।

जीआई टैग

ज्याॅग्रफिकल इंडिकेशन टैग भा जीआई (GI) टैग एगो नाँव भा चीन्हा होला जे चीजन पर ई बतावे खातिर इस्तेमाल कइल जाला कि ऊ सामान कौनों खास लोकेशन (शहर, राज्य भा देस) से संबंधित बा आ अपना भूगोलीय लोकेशन के कारन खास बाटे। ई एहू बात के चीन्हा होला कि ओह चीज के उत्पादन में ओह लोकेशन के परंपरागत तरीका के इस्तेमाल भइल बा, या फिर अपने लोकेशन के कारन ओकर जवन भी खासियत बा ऊ पूरा तरीका से (बेचल जा रहल आइटम पैकेट इत्यादि में) मौजूद बाटे।

निपाह वाइरस इन्फेक्शन

निपाह वाइरस इन्फेक्शन (NiV) जीव सभ में वाइरस के एक तरह के इन्फेक्शन बाटे जे हेनिपावाइरस जाति के निपाह वाइरस से होखे ला। सगरी हेनिपावाइरस सभ चमगादुर में प्राकृतिक रूप से पावल जालें आ इनहन से पालतू जानवर आ आदमिन के भी इन्फेक्शन होखे के खतरा बा। एकर पहिचान सभसे पहिले फलभक्षी चमगादड़ में भइल जे एकर प्राकृतिक होस्ट हवे। कुल 582 गो मनुष्य में निपाह वाइरस के इन्फेक्शन रिकार्ड कइल गइल बा, एह में 54 प्रतिशत जानलेवा इन्फेक्शन रहलें। एही कारण ई चिंता के बिसय के रूप में सोझा आइल बाटे।

पाकिस्तान

पाकिस्तान चाहे पाकिस्तान इस्लामी गणतंत्र दक्खिन एशिया में एगो देस बा। 14 अगस्त 1947 के बँटवारा के बाद पाकिस्तान के जन्म भइल। ई से पहिले पाकिस्तान भारत के हिस्सा रहल। पाकिस्तान एगो मुस्लिम प्रधान देश ह। पाकिस्तान के राजधानी इस्लामाबाद ह आ अहिजा के अधिकारिक भाषा उर्दू ह।

प्रियंका चोपड़ा

प्रियंका चोपड़ा (Priyanka Chopra; जनम 18 जुलाई 1982) भारतीय फिलिम अभिनेत्री, गायिका आ मॉडल बाड़ी। प्रियंका सन 2000 के मिस वर्ल्ड भी चुनल गइल रहली। इनकी सफल फ़िल्मी कैरियर की माध्यम से, चोपड़ा बॉलीवुड क सबसे अधिक वेतन पावे वाली अभिनेत्रियन में से एगो हई और भारत में सबसे लोकप्रिय हस्तिन में से एगो बन गईल बाड़ी। उ सर्वश्रेष्ठ अभिनेत्री क एगो राष्ट्रीय फिल्म पुरस्कार और चार श्रेणी में फिल्मफेयर पुरस्कार सहित कई पुरस्कार और नामांकन प्राप्त कईले बाड़ी।

फिलिपींस

फिलीपींस (अंगरेजी: Philippines) दक्खिन पूर्ब एशिया में एगो देश बाटे।

बांग्लादेश

बांग्लादेश (अंगरेजी: Bangladesh) एशिया महादीप में एगो देस बा। क्षेत्र की दृष्टि से एकर गिनती भारतीय उपमहादीप आ दक्खिनी एशिया में होले। बांग्लादेश क जनसंख्या लगभग 1,50,03,900 (बिस्व में 8वाँ अस्थान) बा आ क्षेत्रफल 1,47,570 किमी2 (विश्व में 94वाँ अस्थान)बा।

भारत

भारत (अंगरेजी: India), चाहे सरकारी रूप से भारत गणराज्य (रिपब्लिक ऑफ़ इंडिया), दक्खिनी एशिया में एगो देश बा। प्राचीन भारतीय साहित्य में एकरा के जम्बूद्वीप, आर्यावर्त, आ अजनाभदेशो कहल गइल बा। भारत, भूगोलीय क्षेत्रफल के हिसाब से विश्व के सातवाँ सबसे बड़हन अउरी जनसंख्या के हिसाब से चीन की बाद दुसरका सबसे बड़ देश बाटे। 2011 के भारतीय जनगणना के हिसाब से इहाँ के कुल जनसंख्या 1.2 अरब बाटे।

भारत के राष्ट्रपति

भारत क राष्ट्रपति (हिंदी में पूरा:"भारत गणराज्य के राष्ट्रपति") इहाँ के राज्यप्रमुख आ भारतीय सेना के कमांडर इन चीफ होलें।राष्ट्रपति के चुनाव अप्रत्यक्ष तरीका से होला जेह में संसद के सगरी चुनल गइल सदस्य लोग (ऍमपी) आ सगरी राज्यन के बिधान सभा के सदस्य (ऍमऍलए) लोग, अउरी दिल्ली आ पौण्डीचेरी के बिधान सभा के सदस्य लोग हिस्सा लेला। राष्ट्रपति के कार्यकाल पाँच बरिस के होला। दुबारा चुनल जा सके ला।

मंगलयान

मंगलयान, (हिंदी: मंगल कक्षित्र मिशन, अंगरेजी: Mars Orbiter Mission; मार्स ऑर्बिटर मिशन), मंगल ग्रह के अध्ययन खातिर भारत के पहिला यान भेजे के अभियान बाटे। असल में ई भारतीय अंतरिक्ष अनुसंधान संगठन क एगो महत्वाकांक्षी अन्तरिक्ष परियोजना रहल जेह में पहिलिये बेर भारत के सफलता मिल गइल। एह परियोजना के भीतर 5 नवम्बर 2013 के 2 बजके 38 मिनट पर मंगल ग्रह के गोठे (परिकरमा) करे वाला एगो बनावटी उपग्रह आंध्र प्रदेश में श्रीहरिकोटा की सतीश धवन अंतरिक्ष केंद्र से ध्रुवीय उपग्रह प्रक्षेपण यान (पीएसऍलवी) सी-25 के मदद से सफलता के साथे छोड़ल गइल। ई 24 सितम्बर 2014 के अपनी कक्षा में स्थापित हो गइल आ इसरो आ भारत की बिग्यानी लोगन के एगो बहुत बड़ सफलता मिलल। एकरे साथै भारतो अब ओह देशन में शामिल हो गयल बा जवन मंगल पर आपन यान भेजले बाड़ें। वइसे अबहीं तक मंगल जाये बदे शुरू कयल गयल दू-तिहाई अभियान सफल ना हो पायल बा।

मानुषी छिल्लर

मानुषी छिल्लर (जनम 14 मई 1997) एगो भारतीय मॉडल आ ब्यूटी पेजेंट बिजेता बाड़ी। इनका के साल 2017 के बिस्व सुंदरी के खिताब मिलल बा। 18 नवंबर 2017 के भइल बिजेता घोषणा में इनके चुनल गइल आ एह तरीका से सतरह साल बाद ई टाइटिल जीते वाली भारतीय बनल बाड़ी। इनका से पहिले प्रियंका चोपड़ा साल 2000 में मिस वर्ल्ड के ख़िताब जितले रहली।

रसगुल्ला

रसगुल्ला एगो रसदार भारतीय मिठाई हवे जे छेना के गोल-गोल पारल गोली सभ के चाशनी में पका के तइयार कइल जाला। कुछ किसिम के रसगुल्ला सभ में सूजी के इस्तमाल भी होखे ला आ एकर चाशनी, रंग रूप आ सवाद-सुगंध भी कई किसिम के होला। एकर उत्पत्ती पूरबी भारत में भइल, वर्तमान उड़ीसा आ पच्छिम बंगाल राज्य में। दुनों राज्य एकरा उत्पत्ति के अस्थान होखे के दावा करे लें। हालाँकि, "बंगाली रसगुल्ला" के अलग पहिचान बा आ एगो बिबाद में अंत में ई निपटारा भइल कि "बंगाली रसगुल्ला" के जीआई टैग दिहल गइल, साथे इहो कहल गइल कि खाली एही वेराइटी खाती बा आ एकरा के उत्पत्ती के अस्थान से न जोड़ल जाय।

रामनाथ कोविंद

रामनाथ कोविंद (जनम 1 अक्टूबर 1945) भारत के मौजूदा आ 14वाँ राष्ट्रपति बाने। एकरे पहिले कोविंद बिहार के राज्यपाल आ राज्य सभा में सांसद भी रह चुकल बाने। तारीख 25 जुलाई 2017 के कोविंद भारत के राष्ट्रपति पद के सपथ लिहलें। कोविंद दुसरा अइसन राष्ट्रपति हवें जे दलित समुदाय से आवे लें आ भाजपा के सदस्य हवें। ई बिहार के गवर्नर के पद पर 2015 से 2017 ले रहलें।कोविंद एक ठो दलित नेता हवें आ भारतीय जनता पार्टी के नेता हवें। कोविंद दिल्ली में वकील रहलें। राजनीतिक कैरियर के बात कइल जाय त कोविंद उत्तर प्रदेश राज्य से राज्यसभा में सांसद रह चुकल बाने। 19 जून 2017 के भाजपा अध्यक्ष अमित शाह इनके एनडीए के राष्ट्रपति उमीदवार के रूप में नामित कइल जाए के घोषणा कइलेन।

हेनिपावाइरस

हेनिपावाइरस (Henipavirus) एक किसिम के आरएनए वायरस बाटे जे जीव बिग्यानी बर्गीकरण में पैरामाइक्सोवाइरीडाई वाइरस परिवार में आवे ला, आ इनहन के कुल (ऑर्डर) मोनेगावाइरालेस हवे। एकर पाँच गो प्रजाति के चीन्हन जा चुकल बाटे। ई वाइरस सभ प्राकृतिक रूप से फल खाए वाला चमगादुर सभ में पावल जालें। इनहन के मुख्य लच्छन सभ में लमहर जीनोम सभसे प्रमुख बा। इनहन के इन्फेक्शन से घरेलू जानवर आ मनुष्य सभ के बेमार होखे आ मौत होखे के भी संभावना होले।मई 2018 में निपाह वाइरस इन्फेक्शन के भारत के केरल राज्य में फइले के खबर आइल आ कई लोग के मौत होखे के रपट मिलल। हिमाचल प्रदेश में मुर्दा चमगादुर मिले के कारन एकरे प्रकोप फइले के खतरा खाती भी सतर्कता के खबर आइल। धियान देवे वाली बात ई बा कि निपाह वाइरस, हेनिपावाइरस जाति के एगो प्रजाति हवे जे प्राकृतिक रूप से चमगादुर सभ में रहे ला आ सभसे पहिले एकरा के मलेशिया के निपाह नाँव के जगह पर चिन्हित कइल गइल रहल, 1998 में ई उहाँ फइलल रहे आ काफी लोग के मौत भइल रहे।

दुसरी भाषा में पढ़ीं