1916

1916 ग्रेगरियन कैलेंडर के एगो अधिबरिस बा।

घटना

अक्टूबर-दिसंबर

जनम

जुलाई-सितंबर

अक्टूबर-दिसंबर

निधन

25 सितंबर

25 सितंबर अंगरेजी की ग्रेगरियन कैलेंडर में साल के 268वाँ दिन बाटे (269वाँ अधिबरिस सभ में)। साल के खतम होखे में अबहिन 98 दिन बचल बाटें।

आयरलैंड रिपब्लिक

आयरलैंड गणराज्य (अंगरेजी: Republic of Ireland) यूरोप में एगो देस बाटे। एकर राजधानी डब्लिन हवे।

इवान गोरेमकिन

इवान गोरेमकिन (अंगरेजी: Ivan Goremykin, रूसी: Ива́н Ло́ггинович Горемы́кин) (8 नवंबर 1839 – 24 दिसंबर 1917) रूस के प्रधानमंत्री रहलें, पहिली बेर 1906 में आ दुबारा 1914 से 1916 ले, जवन कि पहिला बिस्व जुद्ध के काल रहल।

अक्टूबर क्रांति के समय उनके भीड़ द्वारा हत्या कर दिहल गइल।

जतरा भगत

जतरा भगत (जनम 1888; निधन 1916) ब्रिटिश भारत में एगो आदिवासी नेता, स्वतंत्रता सेनानी आ सुधारक रहलें। ई ताना भगत आंदोलन के नेता रहलें। इनकर संबंद झारखंड के ओराँव जनजाति से रहल।

जात्रा भगत के जनम 1888 के सितंबर में चिंगारी नवटोली नाँव के जगह पर भइल रहे जे वर्तमान झारखंड के गुमला जिला में पड़े वाला जगह बाटे। इनके बाबूजी के नाँव कोदल ओराँव रहे आ महतारी लिबरी रहली।

जवाहरलाल नेहरू

जवाहरलाल नेहरु (नवंबर 14, 1889 - मई 27, 1964) क जनम उत्तर प्रदेश की इलाहाबाद में भइल रहे। उहाँ के भारत की स्वतंत्रता संग्राम में हिस्सा लिहलीं आ स्वतंत्र भारत क पहिला प्रधानमन्त्री बनलीं।

थिककुरीसी सुकुमारन नायर

थिककुरीसी सुकुमारन नायर एक ठो भारतीय फिलिम एक्टर रहलें।

दीनदयाल उपाध्याय

दीनदयाल उपाध्याय (25 सितंबर 1916 - 11 फरवरी 1968) एगो भारतीय नेता रहलें। उपाध्याय, भारतीय जनसंघ के अध्यक्ष रहलें, भारतीय जनसंघ से बर्तमान भारतीय जनता पार्टी (भाजपा) के उदै भइल हवे।

उपाध्याय, राष्ट्रीय स्वयंसेवक संघ से जुड़ल रहलें। संपादक के रूप में राष्ट्र धर्म आ पांचजन्य आ स्वदेश नियर पत्र-पत्रिका सभ के सुरुआत आ संपादन कइलें।

निकोला टेस्ला

निकोला टेस्ला (10 जुलाई 1856 – 7 जनवरी 1943) एगो सर्बियाई-अमेरिकी आबिस्कारक, इलेक्ट्रिक इंजीनियर, मैकेनिकल इंजीनियर, भौतिक बिग्यानी आ भविष्यवादी रहलें जिनके आधुनिक एसी करेंट सप्लाई के सिस्टम डिजाइन करे खाती जानल जाला।

पहिला बिस्व जुद्ध

पहिला बिस्व जुद्ध (World War I) 28 जुलाई 1914 से 11 नवंबर 1918 ले चलल रहे। ई जुद्ध आज तक के सभसे बड़ जुद्धन मे ले एगो बाटे।

पैरामाउंट पिक्चर्स

पैरामाउंट पिक्चर्स कारपोरेशन (जेकरा पैरामाउंट पिक्चर्स भा खाली पैरामाउंट के नाँव से भी जानल जाला) एक ठो अमेरिकी फिलिम स्टूडियो बा। ई कैलिफोर्निया में मौजूद अमेरिकी फिलिम इंडस्ट्री हॉलीवुड में बा। साल 1994 के बाद से ई वायाकोम नाँव के अमेरिकी मीडिया समूह के सब्सिडरी के रूप में बा।

पैरामाउंट दुनिया के पाँचवा अइसन सभसे पुरान फिलिम स्टूडियो बाटे जे अभिन ले चालू बा। साल 1916 में फिलिम प्रोड्यूसर एडोल्फ ज़ुकोर 22 गो एक्टर आ एक्ट्रेस लोग के साथ कांट्रेक्ट कइलेन आ हर एक के सितारा वाला लोगो से सम्मानित कइलेन, इहे फिलिमी दुनिया के पहिला "स्टार" रहल लोग। साल 2014 में पैरामाउंट अइसन पहिला स्टूडियो बनल जे आपन सगरी फिलिम खाली डिजिटल फारमेट में रिलीज करे वाला बन गइल।पैरामाउंट, अमेरिकी मोशन पिक्चर्स असोसिएशन के सदस्य भी बा।

प्राचीन इतिहास

प्राचीन इतिहास पुरान जमाना के चीजन के बिबरन हवे, एकर सुरुआत लिखित इतिहास के बिलकुल सुरुआती समय से होला आ मध्यकाल ले मानल जाला। लिखित इतिहास से पहिले के इतिहास के पुराइतिहास कहल जाला आ आमतौर पर लिखित इतिहास के चार हिस्सा में बाँटल जाला जेह में सभसे पहिला आ पुरान समय के इतिहास के प्राचीन इतिहास कहल जाला; बाकी तीन गो कालखंड के मध्यकाल, आधुनिक इतिहास आ पोस्ट-माडर्न भा समकालीन इतिहास कहल जाला। प्राचीन इतिहास आ मध्यकाल के बीच के बटवारा अलगा-अलगा जगह पर अलग तरह के हो सके ला आ एह बारे में बिद्वान लोग में मतभेद भी हो सके ला।

लिखित इतिहास के सुरुआत 5,000 साल पहिले से मानल जाला, जबतक ले के सुमेरी सभ्यता के लोग के नोकदार लिखाई में लिखल चीज मिलल बाटे। यूनान के पहिला ओलंपियाड 776 BC से यूनान के लिखित इतिहास सुरू होला, लगभग एही समय रोम के स्थापना भी भइल 753 BC आ रोमन साम्राज्य के इतिहास सुरू मानल जाला।

पच्छिमी संभ्यता-संस्कृति में, प्राचीन इतिहास के अंत आ मध्यकाल के सुरुआत के कई समय अलग-अलग लोग द्वारा मानल गइल बा। कुछ लोग 476 AD में रोमन साम्राज्य के पतन (सभसे ढेर चलनसार) के, कुछ लोग 529 AD में प्लेटो के एकेडमी के बंद होखे के, कुछ लोग 565 AD में सम्राट जस्टिनियन प्रथम के निधन के, कुछ लोग इस्लाम के आगमन के आ कुछ लोग शार्लेमेन के उठान के यूरोप में क्लासिकल भा प्राचीन इतिहास के दौर के अंत माने ला।

भारत में, प्राचीन इतिहास में मौर्य काल के बाद आ दिल्ली सल्तनत के उदै से पहिले मौजूद मध्यकाल के राज सभ के गिने ला, आ चीन के इतिहास में प्राचीन इतिहास के काल क्विन बंस के शासन काल ले मानल जाला।

बद्रि महाराज

बद्रि महाराज, फिजी के एगो किसान आ नेता रहलन।

बनारस हिंदू विश्वविद्यालय

बनारस हिंदू विश्वविद्यालय (बीएचयू) बनारस में एगो केन्द्रीय विश्वविद्यालय बा। ए विश्वविद्यालय के स्थापना (बनारस हिंदू विश्वविद्यालय एक्ट, एक्ट क्रमांक 16, सन् 1915) महामाना पंडित मदन मोहन मालवीय जी के हाथे सन् 1916 में बसंत पंचमी के दिने भइल रहे। ए विश्वविद्यालय के मूल में डॉ. एनी बेसेन्ट द्वारा स्थापित आ चलावल जा रहल सेन्ट्रल हिंदू स्कूल रहल। आज क तारीख में ए विश्वविद्यालय के राष्ट्रीय महत्व के संस्थान के दर्जा मिल चुकल बा।

ए विश्वविद्यालय क पास दूगो परिसर बा। जेवना में पुरनका आ मूल परिसर (1300 एकड़) बनारस में बा जेवना के जमीन काशी नरेश दान में देले रहलन। एक परिसर में 6 गो संस्थान, 14 गो संकाय आ लामा नियरा 140 गो विभाग बाड़न स। विश्वविद्यालय के दूसरका परिसर मिर्जापुर जिला में बरकछा में (2700 एकड़) में बा। 75 गो छात्रावासन के साथे ई एशिया के सबसे बड़ रिहायशी विश्वविद्यालय ह जेवना में 30,000 से ढेर छात्र पढ़ेंले। एमें 34 देशन से आइल विदेशियो शामिल बाड़ें।

ए विश्वविद्यालय के प्रांगण में विश्वनाथ जी के एगो बड़हन मंदिरो बा, जेवना के बनारस में नवका विश्वनाथ मंदिर कहल जाला। एकरा अलावे ए विश्वविद्यालय में सर सुंदरलाल अस्पताल, गउशाला, प्रेस, स्टेट बैंक के शाखा, एनसीसी प्रशिक्षण केंद्र आ डाकखानो बाटे। सर सुंदरलाल, डॉ. एस. राधाकृष्णन, डॉ. अमरनाथ झा, आचार्य नरेंद्रदेव, हजारी प्रसाद द्विवेदी आ डॉ. रामास्वामी अय्यर नियर कइगो विद्वान इहवां कुलपति रहि चुकल बाड़ें।

वर्ष 2015-2016 ए विश्वविद्यालय के स्थापना के सउंवा बरिस रहे जेवना साल कई गो बड़हन सांस्कृतिक कार्यक्रम आ प्रतियोगितन के आयोजन संपन्न भइल।

बिस्मिल्ला ख़ाँ

बिस्मिल्लाह खां या उस्ताद बिस्मिल्ला ख़ान (21 मार्च, 1916 - 21 अगस्त, 2006) विश्व प्रख्यात शहनाई वादक रहलें। आपके जन्म डुमराँव के भिरुंग राउत के गली, बिहार मे 21 मार्च 1916 में भइल रहे। आपके पिताजी के नाम पैगम्बर खान और माँ के नाम मिट्ठन रहे। आप अपना माता पिता के दो संतानों में दूसरा स्थान पर रही आपके नाम कमरुद्दीन आपके बड़े भाई शमसुद्दीन के नाम के तर्ज पर पडल। आपके दादा रसूल बक्श खान जब आपके पहिला बार देखलन त आपके देख कर उनका मुख से बिस्मिल्लाह निकलल और यही आगे चल कर आपके नाम भी पडल।

भोजपुरी - आपन बोली आपन समाजआपके पूर्वज डुमराव के तत्कालीन महाराज महाराजा केशव प्रसाद सिंह के दरबार में नगाड़ा वादक रहनी जा। आप 6 साल के उम्र में काशी चल अयीनी और आप के शुरूआती शिक्षा आपके चाचा अली बक्श 'विलायतु' जे ओह समय में प्रसिद्ध काशी विश्वनाथ मंदिर से जुडल रहलन के शागिर्दगी में भइल। आप एक शिया मुस्लमान होते हुए भी सरस्वती के परम भक्त रहनी और आप हमेशा हिन्दू समाज से जुडल कार्यक्रम के हिस्सा बनल रहनी।

खान साहब के सन 2001 मे भारत के सर्वोच्च सम्मान भारत रत्न से सम्मनित कइल गईल रहे। आप 21 अगस्त 2006 के हृदय गति के रुके से परम अलोक में विलीन हो गईनी

बिहार में प्रशासन

बिहार भारत के एगो राज्य ह जवन उत्तर भारत में स्थित बा। इ राज्य के पूरब में पछिम बंगाल पड़ेला त,, पछिम में उत्तर प्रदेश बा, दखिन में झारखंड बा त उत्तर में नेपाल स्थित बा।

शिक्षा

शिक्षा (अंगरेजी:एजुकेशन) अइसन क्रिया ह जेह में कौनों तरह के ज्ञान, कौशल, नैतिक मूल्य, बिस्वास, आ आदत सिखावे के ब्यवस्था कइल जाला। शिक्षा के माध्यम के रूप में इस्कूली पढ़ाई भर नइखे सामिल, बलुक खीसा-कहनी से ले के चर्चा-परिचर्चा आ बीडियो देखावल भी सामिल हो सके ला। शिक्षा अक्सरहा केहू पढ़ावे सिखावे वाला ब्यक्ति के द्वारा दिहल जाले, जेकरा के शिक्षक कहल जाला; हालाँकि, कुछ लोग बिना केहू शिक्षक के भी सीख सकत बा। शिक्षा औपचारिक आ अनौपचारिक रूप से हो सके ले। मतलब कि ब्यवस्थित तरीका से शिक्षा देवे के मकसद से भी ई काम कइल जा सके आ आ ब्यक्ति अपना अनुभव से भा देख-देख के भी अपने बिचार आ ज्ञान में बदलाव ले आ के शिक्षा हासिल क सके ला।

ब्यवस्थित शिक्षा के चार भाग में बाँटल जाला, नर्सरी/किंडरगार्डेन (इस्कूल से पहिले), प्राइमरी इस्कूल में, माध्यमिक इस्कूल में, कॉलेज या यूनिवर्सिटी में या अप्रेंटिस के रूप में।

शिक्षा के अधिकार, के अरथ हवे एक ठो ख़ास उमिर के लड़िकन के शिक्षा हासिल करे के कानूनी अधिकार। बहुत सारा देसन में कुछ उमिर तक के लड़िका-बच्चा सभ खातिर शिक्षा अनिवार्य कइल गइल बाटे।

सापेक्षता के सिद्धांत

सापेक्षता के सिद्धांत आइंस्टीन के दिहल दुगो सिद्धांत: बिशेस सापेक्षता आ सधारन सापेक्षता के एक्के जोरे कहल जाला। बिशेस सापेक्षता मौलिक कन जोरे लागेला आ गुरुत्वाकर्षण के छोड़ के सभ घटना के बायाख्या कई दिहेला। सधारन सापेक्षता खगोलीय कण जोरे लागेला जेहमे गरह, तरई आ सूरूज आवेला।

ई सिद्धांत बिसे बरिस मे २०० बरिस पुरान भौतिक शास्त्र के बदल दिहलस। ई काल-अवकाश के बात कइलस आ भौतिक के क्षेत्र में मौलिक कन के बिज्ञान के सुधार दिहलस।

सी. राजगोपालाचारी

चक्रवर्ती राजगोपालाचारी एगो भारतीय वकील, लेखक, स्वतंत्रता सेनानी आ भारतीय राष्ट्रीय कांग्रेस के नेता रहलें आ आजादी के बाद बनल सरकार में मंत्री रहलें।

हार्डिंग ब्रिज

हार्डिंग ब्रिज (Bengali: হার্ডিঞ্জ ব্রিজ) Padma नदी के ऊपर पच्छिमी Bangladesh में एगो स्टील के रेलवे पुल बाटे। ई पुल के नाँव Lord Hardinge के नाँव पर रखल गइल बा जे 1910 से 1916 ले भारत के Viceroy रहलें। पुल1.8 किलोमीटर (1.1 मील) लम्बा बाटे।

दुसरी भाषा में

This page is based on a Wikipedia article written by authors (here).
Text is available under the CC BY-SA 3.0 license; additional terms may apply.
Images, videos and audio are available under their respective licenses.