समुंद्र तल

समुंद्र तल (Sea level) कौनों समुद्री किनारा पर की जगह के समुद्र की पानी के उतार-चढ़ाव के औसत नाप होता। कौनो बिसेस जगह के समुद्र तल के आधार मान के उहाँ से बाकी जगह के ऊँचाई नापल जाला। अइसन उऊँचाई के "समुंद्र तल से ऊँचाई" (Height above sea level या Elevation) कहल जाला।

अमरनाथ गुफा मंदिर

अमरनाथ गुफा मंदिर भारत के जम्मू अउरी कश्मीर में हिंदू लोग खातिर पबित्र धाम हवे। अहिजा एगो गुफा में प्राकृतिक रूप से बरफ के शिवलिंग के निर्माण होला। हर साल इहाँ हिंदू तीर्थ यात्री लोग भारी संख्या में आवे ला जेकरा अमरनाथ यात्रा कहल जाला। जवना गुफा में ई मंदिर बा ऊ समुंद्र तल से लगभग 3,888 मीटर के ऊँचाई पर, श्रीनगर से करीबन 141 किलोमीटर के दूरी पर बा, जहाँ पहलगाम कस्बा से हो के जाइल जाला। हिंदू धर्म माने वाला लोग खातिर एह तीर्थ के बहुत महत्व हवे। गुफा के आसपास बरफ से तोपाइल पहाड़ बाने। गुफा खुदे साल के ज्यादातर समय बरफ से तोपाइल रहे ले, कुछ दिन खातिर गरमी के सीजन में तीर्थ यात्री लोग खातिर खुले ले।

काठमांडो

काठमांडो हिमालयी देस नेपाल के राजधानी आ इहाँ के सभसे बड़ सहर हवे। ई हिमालय क्षेत्र में भी सभसे बड़हन सहर हवे आ इहाँ के कुल जनसंख्या लगभग 20 लाख बा आ अगर काठमांडो घाटी में मौजूद अन्य उपनगर सभ के शामिल कइल जाय तब जनसंख्या 60 लाख बाटे; एह में ललितपुर, कीर्तिपुर, मध्यपुर थीमी आ भक्तपुर नियर कस्बा सामिल कइल जालें।

शहर बिचला नेपाल के कटोरीनुमा काठमांडो घाटी में समुंद्र तल से 1,400 मीटर (4,600 फीट) के ऊँचाई पर बसल बा। घाटी के इतिहासी रूप से "नेपाल सदर" के नाँव से जानल जाला। ई नेवार लोग के मूल अस्थान हवे। काठमांडो, नेपाली राजघराना के राजधानी रहल हवे आ कई गो पबित्र धार्मिक अस्थान एह घाटी में बाड़ें। इहाँ दक्खिन एशियाई देसन के संगठन सार्क के मुख्यालय भी 1985 से अस्थापित बा। वर्तमान में ई शहर, साल 2008 में अस्थापित नेपाली गणराज्य के राजधानी भी बा आ ई नेपाल के प्रशासनिक बिभाजन अनुसार बागमती अंचल आ प्रदेश संख्या 3 के अंतगर्त आवे ला।

पुराना समय से काठमांडो नेपाल के इतिहास, कला, संस्कृति आ अर्थब्यवस्था के केंद्र रहल बा। इहाँ के जनसंख्या भी कई किसिम के जातीयता वाली बा आ धार्मिक आधार पर देखल जाय तऽ हिंदू आ बौद्ध लोग के बहुलता बाटे। धार्मिक आ सांस्कृतिक तिहुआर सभ इहाँ के आम जनजीवन के अभिन्न अंग बाड़ें। शहर के आर्थिक आधार के रूप में पर्यटन के बिसेस महत्व बा। धार्मिक तीर्थ यात्रा के अलावा पहाड़ घूमे आ अन्य एडवेंचर करे खाती भी लोग इहाँ आवे ला आ इहाँ सात गो कसीनों भी बाने। 2015 में आइल भूडोल में शहर के काफी नोकसान भइल रहे। नेपाली आ नेपाल भाषा इहाँ आम चलन में बा आ अंगरेजी आ हिंदी भी लोग बुझे ला।

कैस्पियन सागर

कैस्पियन सागर एशिया महादीप में, बिचला एशिया के पच्छिमी माथ पर मौजूद एगो चारो ओर से जमीन से घेराइल झील हवे जेकरा बिसाल आकार के चलते परंपरागत रूप से सागर कहल जाला। ई काकेशस परबत के पूरुब में आ बिसाल स्टेपी के मैदान के पच्छिम में बाटे आ पानी के सतह के रकबा के हिसाब से दुनिया के सभसे बड़ खारा पानी के झील हवे। एकरे उत्तर-पूरुब में कजाकिस्तान, उत्तर-पच्छिम में रूस, पच्छिम में अजरबैजान, दक्खिन में ईरान, आ दक्खिन-पूरुब में तुर्कमेनिस्तान देस बाड़ें।

कैस्पियन सागर समुंद्र तल से करीबन 28 मी (92 फीट) नीचे कैस्पियन निचाई में मौजूद बा। एकरा दक्खिनी हिस्सा में एह समुंद्र के तली समुंद्र तल से 1,023 मी (3,356 फीट) नीचे ले पहुँच जाले, एकरा चलते ई बैकाल झील के बाद दूसरा सभसे गहिरा जगह भी बा (बैकाल के गहिराई −1,180 मी, −3,871 फीट हवे)। एकरे किनारे रहे वाला लोग एकरा में समुंद्र बूझे, अइसन साइद एकरे बिसाल आकार (साइज) के कारन रहल।

गोदावरी नदी

गोदावरी नदी दक्खिन भारत में बहे वाली एगो महत्वपूर्ण नदी ह। ई महाराष्ट्र से निकल के बंगाल के खाड़ी में गिरेले। गोदावरी नदी भारत के दूसरी सभसे लमहर नदी हवे, गंगा नदी के बाद। एकरा निकसे के सोता महाराष्ट्र के त्रयंबकेश्वर में बा। इहाँ से निकसे के बाद ई 1,465 किलोमीटर (910 मील) के दूरी तय करे ले जेकरे दौरान ई महाराष्ट्र (48.6%), तेलंगाना (18.8%), आंध्र प्रदेश (4.5%), छत्तीसगढ़ (10.9%), मध्य प्रदेश (10.0%), ओडिशा (5.7%), कर्नाटक (1.4%) आ पुद्दुचेरी (यनम) से हो के गुजरे ले आ अंत में बंगाल के खाड़ी में अपने सहायिका सभ के बिसाल नेटवर्क से एकट्ठा कइल पानी गिरावे ले। एक थाला (बेसिन) लगभग 312,812 किमी2 (120,777 वर्ग मील) एरिया पर बिस्तार लिहले बा आ एह तरीका से ई भारतीय उपमहादीप के सभसे बिसाल नदी थाला सभ में से एक हवे; खाली गंगा आ सिंधु नदी के थाला एकरा ले बड़हन बाने। लंबाई, थाला के साइज आ कुल पानी के बहाव, सभ मामिला में ई प्रायदीपी भारत के सभसे बड़ नदी ठहरे ले; मुला एही कारन एकरा के दक्खिन गंगा के उपाधि दिहल गइल होखी।हिंदू ग्रंथ सभ एह नदी के बरनन सदियन से मिले ला आ एकरे थाला में बहुत समृद्ध संस्कृति के बिकास भइल बा। पछिला कुछ दशक में, नदी के धारा रोक के कई गो बंधा बनावल गइल बाड़ें जिनहन से एकर बहाव रुकल बा। एह नदी के डेल्टा वाला इलाका में जनघनत्व 729 ब्यक्ति/किमी2 – देस के औसत के लगभग दुन्ना बाटे, आ ई डेल्टाई इलाका ख़तरा में भी बतावल जा रहल बा अगर समुंद्र तल में चढ़ाव होखे।

गोसाईकुंड

गोसाईकुंड चाहे गोसाईकुंड ताल नेपाल में एगो झील बाटे। ई नेपाल के रसुआ जिला में पड़े ले। ई लंगतांग पार्क के हिस्सा हवे आ रामसर साइट घोषित कइल गइल बा। झील के ऊंचाई समुंद्र तल से 14,370 फीट बा।

ग्लोबल वॉर्मिंग

ग्लोबल वॉर्मिंग, मने कि बैस्विक गरमाव आ जलवायु में बदलाव पछिला लगभग एक सदी के समय में धरती के जलवायु सिस्टम में औसत तापमान के बढ़ती आ एकरा से जुड़ल परभाव सभ खातिर इस्तेमाल होखे वाला शब्दावली हईं सऽ। कई तरह के बैज्ञानिक सबूत ई देखा रहल बाने कि जलवायु सिस्टम गरम हो रहल बाटे। उन्नईसवीं सदी के बीच के दौर में तापमान नापे खातिर अइसन बैज्ञानिक उपकरण सभ के बिकास भइल जे 1950 से पहिले मौजूद भी ना रहलें आ इनहन से नापल रिकार्ड में पुराजलवायु बिज्ञान के रिकार्ड सभ के जोड़ के हजार साल से भी पाछे के जलवायु के बारे में जानल जा सकत बा।साल 2013 में आइपीसीसी (IPCC) के पाँचवा रपट में ई साफ़ कहल गइल कि "बीसवीं सदी के मध्य के बाद से गरमाहट में जवन बढ़ती देखल जा रहल बा ओकर सभसे प्रमुख कारण मनुष्य के प्रभाव के होखले के बहुत ढेर संभावना बा"। सभसे बड़ा पैमाना पर मनुष्य के परभाव ग्रीनहाउस गैस - कार्बनडाई आक्साइड, मीथेन, नाइट्रस ऑक्साइड इत्यादि के वातावरण में छोड़ले के रूप में बा। रपट में जलवायु मॉडल सभ के भाबिस्यानुमान (प्रोजेक्शन) के सारांश ई बतावत बा की 21वीं सदी में औसत सतही तापमान 0.3 से 1.7 °C (0.5 से 3.1 °F) ले अउरी बढ़ले के संभावना बा अगर अनुमान कम से कम के बारे में लगावल जाय आ अधिक से अधिक ई 2.6 से 4.8 °C (4.7 से 8.6 °F) तक ले भी हो सकेला।ग्लोबल वार्मिंग के परभाव पूरा बिस्व के हर इलाका में बराबर ना होखी, बलुक ई एक प्रदेश से दूसरा प्रदेश के बीच अलग-अलग मात्र में रही। गरमाहट में बढती के फल के रूप में ई अनुमान लगावल गइल बा कि एकरा से पूरा बिस्व के ताप बढ़ी, समुंद्र तल में उठान होखी, बरखा के पैटर्न में बदलाव होखी आ उपोष्णकटिबंध में रेगिस्तान सभ के बिस्तार बढ़ी।

जॉर्जिया (अमेरिकी राज्य)

जॉर्जिया दक्खिन-पूरबी यूनाइटेड स्टेट्स में एक ठो राज्य बाटे। एकर स्थापना 1733 में भइल रहल आ ई तेरह उपनिवेश सभ में सभसे अंतिम रहल। ग्रेट ब्रिटेन के राजा, किंग जॉर्ज II की नाँव पर एकर नाँव धराइल हवे।

टेक्सास

टेक्सास संयुक्त राज्य अमेरिका का एक राज्य बा|

टोपोग्राफिक प्रॉमिनेंस

टोपोग्राफिक प्रधानता भा टोपोग्राफिक प्रोमिनेंस शब्द के प्रयोग भूआकृति बिज्ञान में होला जहाँ ई कौनों पहाड़ के ऊँचाई के पहाड़ के निचला हिस्सा से बतावे खातिर इस्तेमाल कइल जाला। टेक्नीकल रूप से ई पहाड़ के चारो ओर अइसन सभसे कम ऊँचाई वाला कंटूर के घेरा जवना में दूसर कौनों ढेर ऊँच चोटी न घेराइल होखे, से ले के परबत के चोटी ले के ऊँचाई के माप हवे।

डोमिनिका

डोमिनिका भा डॉमिनीका कैरेबियन सागर में एगो दीपीय देस बा। ई दीपीय देस विंडवार्ड दीप के हिस्सा हवे जे खुद लेसर एंटीलीज नाँव के दीपसमूह के हिस्सा हवे। ई इलाका कैरेबियन सागर के पूरबी हिस्सा में पड़े ला। ई दीप गुआडेलोप दीप के दक्खिन-दक्खिनपूरुब में आ मार्टिनीक के उत्तर पच्छिम में बा। एकर कुल एरिया 750 किमी2 (8.1×109 वर्ग फु) बा, इहाँ के सभसे ऊँच अस्थान मोर्ने डायाब्लोटिंस समुंद्र तल से 1,447 मी (4,747 फीट) के ऊँचाई पर बा। साल 2011 में भइल जनगणना में एकर कुल जनसंख्या 71,293 रहल।ई दीप मुख्य रूप से कालिनागो लोग द्वारा आबाद रहल, बाद में यूरोपीय लोग एकरा के उपनिवेश (कॉलोनी) बनावल, मुख्य रूप से 1690 से 1763 के बीच फ्रांसीसी लोग द्वारा ई उपनिवेशीकरण भइल। इहो बतावल जाला कि कोलंबस अपना समुंदरी जतरा के दौरान एह दीप से 3 नवंबर 1493 के गुजरल रहलें, एह दिन अतवार रहल। एही से अतवार के लैटिन भाषा के नाँव के आधार पर एह देस के बर्तमान नाव धराइल हवे।

पहाड़

पहाड़ चाहे परबत, (हिंदी: पर्वत) जमीन के रुप चाहे थलरूप ह जौन बड़ आकार के होला आ अपने आस-पास के इलाका से बहुत ऊँच होला साथे साथ एकर साइड बहुत तेज ढाल वाला होला आ बहुधा एकर सभसे ऊँच जगह नोकदार चोटी के रूप में होखे ला। पहाड़ी के तुलना में एकर ऊँचाई आ ढाल दुनों ढेर होखे ला।

पहाड़ सभ के निर्माण पृथ्वी के अंदरूनी हलचल, टैक्टॉनिक हलचल के कारन या ज्वालामुखी क्रिया के कारन होला। ई ताकत सभ लोकल रूप से जमीन के ऊँच क के पहाड़ के निर्माण क देलीं। पहाड़ सभ के ऊंचाई में कमी बहुत धीरे-धीरे चट्टान के टूटन आ पानी हवा आ ग्लेशियर द्वारा खरोहल जाए के कारन होला। कुछ पहाड़ अकेल ऊँच आकृति आ चोटी वाला होखे लें जबकि ज्यादातर परबत सभ बिसाल परबत श्रेणी के रूप में होखे लें।

ऊँचाई के कारण परबत के ऊपरी हिस्सा में तापमान कम होखत जाला, काहें कि ऊपर जाए पर हवा के घनापन कम होखत जाला। एही कारण परबत सभ पर ऊपरी हिस्सा में अलगा किसिम के इकोसिस्टम आ पर्यावरण बन जाला। जादे ऊँचाई वाला परबत सभ पर चोटी बरफ से तोपाइल भी हो सके ला।

हिमालय विश्व में सबसे बड़ पहाड़ हवे आ एका सबसे ऊँच चोटी हवे माउंट एवरेस्ट समुंद्र तल से 8,850 मी (29,035 फीट) के ऊँचाई पर बा। विश्व क सबसे लम्बा पहाड़ एंडीज हवे जेवन दक्षिण अमेरिका में बाटे। जहाँ तक हमनी के सौर मंडल के कौनों भी ग्रह पर अबतक ले मालुम सभसे ऊँच परबत के बात बा, हमनी के सौर मंडल के सदस्य मंगल ग्रह पर ओलिंपस मॉन्स नाँव के परबत सभसे ऊँच परबत 21,171 मी (69,459 फीट) ऊँचाई वाला बाटे।

फ्लोरिडा

फ्लोरिडा संयुक्त राज्य अमेरिका का एक राज्य बा|

बैली ब्रिज, लद्दाख

बैली ब्रिज भारतीय राज्य जम्मू काश्मीर के लद्दाख इलाका में बनल एगो पुल बाटे। ई दुनिया के कुछ सभसे ऊँच अस्थान पर बनल पुल सभ में से एक बा। एह पुल के कुल लंबाई 30 मीटर (98 फीट) बा आ ई समुंद्र तल से 5,602 मीटर (18,379 फीट) के ऊँचाई पर बा। ई पुल भारतीय सेना द्वारा बनावल हवे आ सैनिक महत्व के पुल हवे। एह पुल के डिजाइन बैली ब्रिज वाली हवे जे एक तरह के पोर्टेबल ट्रस पुल होखे लें।

मेइन

मेइन भा मेऽन संयुक्त राज्य अमेरिका के एगो राज्य बा| ई राज्य इहाँ के उत्तरी पूरबी हिस्सा में न्यू इंग्लैंड के इलाका में सभसे उत्तर के ओर बाटे आ पहिले

मेसाचुसेट्स कॉमनवेल्थ के हिस्सा रहल।

लियुशी शान

लियुशी शान भा लिउशी शान (अंगरेजी: Liushi Shan) जवना के कुनलुन देवी भी कहल जाला, चीन के तिब्बत क्षेत्र आ जिनजियांग प्रांत में स्थित एगो परबत चोटी बा। ई कुनलुन परबत के हिस्सा हवे आ एह परबत श्रेणी के सभसे ऊँच चोटी भी हवे।

ई चोटी समुंद्र तल से 7,167 मीटर (23,514 फीट) ऊँच चोटी बाटे।

वर्जीनिया

वर्जीनिया संयुक्त राज्य अमेरिका का एक राज्य बा|

वायुमंडलीय दाब

वायुमंडलीय दाब चाहे बैरोमीट्रिक प्रेशर धरती के (या कौनों अन्य ग्रह के) वायुमंडल के भीतर हवा के दाब हवे। मानक दाब (स्टैंडर्ड प्रेशर) के चीन्हा atm हवे आ ई 1013.25 मिबार (101325 पास्कल) परिभाषित कइल गइल बा, जे 760 mm Hg (टॉर), 29.9212 inches Hg, या 14.696 psi के बरोबर होखे ला। आमतौर पर पृथ्वी पर समुंद्र तल पर नापल जाए वाला औसत दाब 1 atm होला। ऊँचाई बढ़त जाए पर ई घटे ला।

सैफुल मुलुक

सैफुल मुलुक झील पाकिस्तान के उत्तरी हिस्सा में कग़ान घाटी में मौजूद एगो झील बा। झील पाकिस्तान के सभसे ऊंचाई पर मौजूद झील सभ में से एक हवे आ पेड़ रेखा से ऊपर बा। झील के समुंद्र तल से ऊंचाई लगभग 3,224 मीटर (10,577 फीट) बा। एह झील से एगो नदी भी निकसे ले।

झील सैफ़-अल-मुलुक नाँव के संरक्षित क्षेत्र के हिस्सा हवे।

हवाई

हवाई संयुक्त राज्य अमेरिका का एक राज्य बा|

दुसरी भाषा में

This page is based on a Wikipedia article written by authors (here).
Text is available under the CC BY-SA 3.0 license; additional terms may apply.
Images, videos and audio are available under their respective licenses.