यूरोपियन यूनियन

यूरोपियन यूनियन (अंगरेजी: European Union) एक ठो राजनीतिक-आर्थिक यूनियन बाटे जवना के 28 सदस्य देस मुख्य रूप से यूरोप से बाड़ें।[13][14] यूरोपियन यूनियन के कुल क्षेत्रफल 4,324,782 किमी2 (1,669,808 वर्ग मील) बा आ अनुमानित जनसंख्या 508 मिलियन (50.8 करोड़) बाटे।

यूरोपियन यूनियन Bulgarian: Европейски съюз Croatian: Europska unija Czech: Evropská unie Danish: Den Europæiske Union Dutch: Europese Unie Estonian: Euroopa Liit Finnish: Euroopan unioni French: Union européenne German: Europäische Union Greek: Ευρωπαϊκή Ένωση Hungarian: Európai Unió Irish: An tAontas Eorpach Italian: Unione europea Latvian: Eiropas Savienība Lithuanian: Europos Sąjunga Maltese: Unjoni Ewropea Polish: Unia Europejska Portuguese: União Europeia Romanian: Uniunea Europeană Slovak: Európska únia Slovene: Evropska unija Spanish: Unión Europea Swedish: Europeiska unionen के झंडा
झंडा
राष्ट्रगान: "Ode to Joy" (orchestral)[2]
यूरोपियन यूनियन Bulgarian: Европейски съюз Croatian: Europska unija Czech: Evropská unie Danish: Den Europæiske Union Dutch: Europese Unie Estonian: Euroopa Liit Finnish: Euroopan unioni French: Union européenne German: Europäische Union Greek: Ευρωπαϊκή Ένωση Hungarian: Európai Unió Irish: An tAontas Eorpach Italian: Unione europea Latvian: Eiropas Savienība Lithuanian: Europos Sąjunga Maltese: Unjoni Ewropea Polish: Unia Europejska Portuguese: União Europeia Romanian: Uniunea Europeană Slovak: Európska únia Slovene: Evropska unija Spanish: Unión Europea Swedish: Europeiska unionen के लोकेशन
राजधानी ब्रसेल्स (de facto)[4]
सभसे बड़ शहर लंदन and Parisa
ऑफिशियल भाषा
लोग कहाला European[5]
प्रकार राजनीतिक-आर्थिक यूनियन
सदस्य
नेता
en:Jean-Claude Juncker
en:Donald Tusk
en:Martin Schulz
बिधायिका Council of the EU
en:European Parliament
Formation[6]
1 जनवरी 1958
• Treaty of Maastricht
1 November 1993
रकबा
• कुल
4,475,757 किमी2 (1,728,099 वर्ग मील) (7वाँ)
• जल (%)
3.08
जनसंख्या
• 2017 अनुमान
511,805,088[7]
• 2013[नोट 1] जनगणना
505,163,008[7]
• Density
116.8/किमी2 (302.5/वर्ग मील)
जीडीपी (पीपीपी) 2018 अनुमान
• कुल
$21.7 trillion[8] (2nd)
• प्रति ब्यक्ति
$42,459[8]
जीडीपी (नॉमिनल) 2018 अनुमान
• कुल
$18.4 trillion[8] (2nd)
• Per capita
$35,939[9]
गिनी (2016)  30.8[10]
medium
एचडीआइ (2015) Increase 0.874[नोट 2]
very high
करेंसी यूरो (EUR; €; यूरोजोन)
टाइम जोन WET (UTC)c
CET (UTC+1)
EET (UTC+2)
• गर्मीं में (डीएसटी)
WEST (UTC+1)
CEST (UTC+2)
EEST (यूटीसी+3)
इंटरनेट टीएलडी .eu[नोट 3]
वेबसाइट
europa.eu
  1. ^ London and Paris are the largest cities in the European Union by urban population.[12]
  2. ^ Ranked as a combined single entity.
  3. ^ Not including outermost regions.

नोट

  1. Last year before break in time series.
  2. Calculated using UNDP data for the member states with weighted population.[11]
  3. .eu is representative of the whole of the EU; member states also have their own TLDs.

संदर्भ

  1. Barnard, p. 447.
  2. 2.0 2.1 उद्धरण खराबी:Invalid <ref> tag; no text was provided for refs named EU-Symbols
  3. उद्धरण खराबी:Invalid <ref> tag; no text was provided for refs named Legislative Observatory
  4. Cybriwsky, Roman Adrian (2013). Capital Cities around the World: An Encyclopedia of Geography, History, and Culture: An Encyclopedia of Geography, History, and Culture. ABC-CLIO. Brussels, the capital of Belgium, is considered to be the de facto capital of the EU
  5. उद्धरण खराबी:Invalid <ref> tag; no text was provided for refs named OED
  6. Current Article 1 of the Treaty on European Union reads:"The Union shall be founded on the present Treaty and on the Treaty on the Functioning of the European Union. Those two Treaties shall have the same legal value. The Union shall replace and succeed the en:European Community".
  7. 7.0 7.1 "Eurostat – Population on 1 January 2017". European Commission. पहुँचतिथी 14 July 2017.
  8. 8.0 8.1 8.2 "IMF World Economic Outlook Database, अक्टूबर 2017". International Monetary Fund. पहुँचतिथी 22 December 2016.
  9. उद्धरण खराबी:Invalid <ref> tag; no text was provided for refs named imf
  10. "Gini coefficient of equivalised disposable income (source: SILC)". Eurostat Data Explorer. पहुँचतिथी 12 February 2017.
  11. "Human Development Report 2016 Summary" (PDF). The United Nations. पहुँचतिथी 19 मार्च 2018.
  12. UN DESA 2015 urban population: London: 10,313,307; Paris: 10,843,285.
  13. "Basic information on the European Union". European Union. europa.eu. पहुँचतिथी 4 अक्टूबर 2012.
  14. "European". Oxford English Dictionary. पहुँचतिथी 3 अक्टूबर 2011. 5 b. spec. Designating a developing series of economic and political unions between certain countries of Europe from 1952 onwards, as European Economic Community, European Community, European Union
इटली

इटली (अंगरेजी: Italy) यूरोप में एगो देस बाटे। एकर राजधानी रोम हवे। भूमध्य सागर के बीचोबीच मौजूद ई देस, मुख्य रूप से प्रायदीप हवे आ एकर जमीनी बाडर फ्रांस, स्विट्जरलैंड, ऑस्ट्रिया, स्लोवेनिया, सैन मरीनो, आ वेटिकन सिटी के साथे बाद। इटली के बिस्तार लगभग 301,338 किमी2 (116,347 वर्ग मील) एरिया पर बाटे आ ई मुख्य रूप से समशीतोष्ण जलवायु वाला आ भूमध्य सागरीय जलवायु इलाका हवे। इहाँ के जनसंख्या लगभग 61 बा आ एह हिसाब से ई यूरोपियन यूनियन में चउथा आ दक्खिनी यूरोप में सभसे ढेर जनसंख्या वाला देस बाटे।

इटैलियन भाषा

इटैलियन चाहे इतालवी यूरोप के इटली देस में जनमल एगो रोमांस भाषा हवे जे इंडो-यूरोपियन भाषा परिवार के हिस्सा हवे। एक उत्पत्ति रोमन काल में वल्गर लैटिन भाषा से भइल। 2012 के आँकड़ा अनुसार यूरोपियन यूनियन में कुल 69 मिलियन लोग एह भाषा के मूल बोले वाला बाटे। पूरा दुनिया में एकरे बोले वालन के संख्या 90 मिलियन बा जेह में एकरा के अपना महतारी भाषा के बाद दुसरा भाषा के रूप में बोले वालन के संख्या भी शामिल कइल गइल बाटे।

ऑस्ट्रिया

ऑस्ट्रिया (अंगरेजी: Austria) यूरोप में एगो देस बाटे। एकर राजधानी वियना हवे।

क्राउन डिपेंडेंसी

क्राउन डिपेंडेंसी (अंगरेजी: Crown dependencies) अइसन बिसेस राज्यक्षेत्र बाड़ें जे आपन खुद के सरकार वाला, बाकी ब्रिटिश राज के अधीन क्षेत्र हवें। एह में तीन गो क्षेत्र शामिल बाड़ें: आइल्स ऑफ मैन, बालिविक ऑफ गुएर्नसी आ बालिविक ऑफ जर्सी।

तकनीकी और पर ई ना त यूनाइटेड किंगडम के अंदर आवेलें न यूरोपियन यूनियन के। ई कॉमनवेल्थ के सदस्य भी ना हवें। ई ब्रिटिश-आयरिश काउंसिल के सदस्य हवें।

क्रोएशिया

क्रोएशिया (अंगरेजी: Croatia) यूरोप में एगो देस बाटे। एकर राजधानी जग्रेब हवे। ई देस पहिले यूगोस्लाविया के हिस्सा रहे आ पूरबी यूरोप में गिनल जाला।

जर्मनी

जर्मनी (जर्मन: Deutschland), ऑफिशियल तौर पर जर्मन फेडरल रिपब्लिक (जर्मन: Bundesrepublik Deutschland, listen), मध्य-पूरबी यूरोप में एगो देस बा। ई देस एगो फेडरल संसदीय रिपब्लिक हवे। देस में कुल 16 गो राज्य बाने आ एकर बिस्तार लगभग 3,57,021 बर्ग किलोमीटर इलाका पर बा। इहाँ के जलवायु शीतोष्ण कटिबंधीय बा आ एक सीजन से दूसरा सीजन के बीच में पर्याप्त मौसमी अंतर पावल जाला। इहाँ के जनसंख्या करीब 8.2 करोड़ बा आ ई यूरोपियन यूनियन के सभसे ढेर जनसंख्या वाला देस हवे। अमेरिका के बाद ई दुनिया में दूसरा सभसे पापुलर देस हवे जहाँ बाहरी लोग आ के बसल चाहे ला। जर्मनी के राजधानी आ सभसे बड़ शहर बर्लिन बा जबकि ए देस के सभसे ढेर शहरी केंद्र सभ रूर इलाका में मौजूद बाने (मुख्य केंद्र: डार्टमंड आ एस्सेन) जबकि देस के अन्य प्रमुख शहर सभ में हैम्बर्ग, म्यूनिख, कोलोन, फ्रांकफुर्त, श्टुटगर्ट, डुस्सेलडोर्फ़, लाइपजिग, ब्रेमेन, ड्रेस्डेन, हानोवर आ नूरेम्बर्ग बाने।

जी20

जी20 (जी-20 भा ग्रुप ऑफ ट्वेंटी, बीस के मंडली) दुनिया के बीस गो प्रमुख अर्थब्यवस्था वाली सरकार सभ के आ देसन के केंद्रीय बैंक के गवर्नर लोग के एगो अंतरराष्ट्रीय मंच (फोरम) हवे। जी20 के स्थापना 1999 में भइल। एह में 19 गो देस आ यूरोपियन यूनियन शामिल बा। यूरोपियन यूनियन के प्रतिनिधित्व यूरोपियन कमीशन आ यूरोपियन सेंट्रल बैंक करे लें। सड़मेंड़े देखल जाय तब, जी20 समूह के तहत दुनिया के 85% सकल बैस्विक उत्पाद (GWP), 80% बैस्विक ब्यापार (या, अगर ईयू के अंदरूनी ब्यापार बिलगा दिहल जाय, 75%), आ दुनिया के दू-तिहाई जनसंख्या सामिल बा।जी20 के मकसद हवे अइसन नीति पर चर्चा कइल जेकरा से अंतरराष्ट्रीय स्तर पर फाइनेंसियल मजबूती आ स्थायित्व के आगे बढ़ावे में मदद मिले। जी20 के सदस्य देसन के मुखिया लोग समय-समय पर आपस में बैठक आ सम्मेलन कइल करे लें जेकर सुरुआत 2008 से भइल, एकरे अलावा वित्त मंत्री लोग आ सेंट्रल बैंक सभ के गवर्नर लोग के बैठक के आयोजन भी होत रहे ला।

साल 2011 में कान में भइल सम्मेलन के बाद से अब एकर सम्मलेन हर साल होला। साल 2017 में ई सम्मलेन जर्मनी के हैम्बर्ग शहर में हो रहल बा।

डेनमार्क

डेनमार्क (अंगरेजी: Denmark) यूरोप महादीप में एगो देस बाटे। एकर राजधानी कोपेनहेगन हवे।

नीदरलैंड

नीदरलैंड यूरोप के एगो देस हवे। एकर राजधानी एम्स्टर्डम हवे।

पुर्तगाल

पुर्तगाल (Portugal) दक्खिनी-पच्छिमी यूरोप में, आइबेरियन प्रायदीप पर एगो संप्रभु राज्य, मने कि आजाद देस बाटे। ई यूरोप के मुख्य जमीन के सभसे पच्छिमी देस हवे जेकरे पच्छिम में अटलांटिक महासागर बा आ उत्तर आ पूरुब में ई स्पेन के साथे सीमा बनावे ला। एकरे राज्यक्षेत्र में एह मुख्य इलाका के अलावे अटलांटिक में मौजूद दीपसमूह अजोर्स आ मदीरिया बाड़ें जे खुदशासित (ऑटोनॉमस) इलाका हवें आ इनहन के आपन क्षेत्रीय शासन बेवस्था बा।

पुर्तगाल आइबेरिया प्रायदीप के सभसे पुरान राज्य हवे आ यूरोप के सभसे पुरान राज्य सभ में से एक हवे, प्रागइतिहासी समय से अबतक एकर राज्यक्षेत्र लगातार बसत रहल बा, एह पर हमला होत रहल बाने आ जुद्ध होत रहल बाने। प्री-सेल्ट, सेल्ट, कार्थेजिनियन आ रोमन लोग के हमला के बाद एह इलाका पर विसिगोथ आ सुएबी जर्मन लोग के हमला भइल। एगो देस के रूप में पुर्तगाल के अस्थापना मूर जाति के लोगन पर ईसाई "पुनर्विजय" (रिकंक्वीस्ता) के बाद भइल, मूर लोग एह प्रायदीप पर 711 ईस्वी में हमला कइले रहल। 868 में एगो देस के रूप में अस्थापित होखे के बादो आजादी के कोसिस जारी रहल आ, 1128 में साओ मामेद के जुद्ध में, जेह में पुर्तगाली नेता अलफोंस हेनरीकस अपना महतारी के अगुआई वाली सेना के हरा दिहलें, पुर्तगाल के संप्रभुता स्थापित भइल आ अलफोंस हेनरीकस प्रिंस ऑफ पुर्तगाल के टाइटिल हासिल कइलेन, बाद में 1139 में भइल ऑरीक के जुद्ध में पुर्तगाल के राजा के उपाधि धारण कइलेन आ 1143 में जा के आसपास के राज सभ से भइल संधि में पुर्तगाल के संप्रभुता के पूरा तरीका से पहिचान मिलल।15वीं आ 16वीं सदी में, पुर्तगाल पहिला ग्लोबल साम्राज्य अस्थापित कइलस आ दुनियाँ के सभसे प्रमुख आर्थिक, राजनीतिक आ मलेटरी पावर बनल। एह दौर में, जेकरा के आज खोज के जुग कहल जाला, पुर्तगाली खोजीयात्री लोग समुंदरी खोज सभ के अगुआ बनल, खासतौर से प्रिंस हेनरी के समय में जिनके नाँव हेनरी दि नेवीगेटर पड़ गइल, आ जॉन दूसरा के समय में ई खोज जारी रहल; हेई काल में बार्थोलोमो डियाज केप ऑफ गुड होप के जतरा (1488) कइलेन, वास्को डी गामा द्वारा भारत के समुंदरी रस्ता खोजल गइल (1497–98) आ यूरोप के लोग ब्राजील के खोज करे में सफल भइल (1500)। एज जमाना में पुर्तगाली लोग मसाला ब्यापार पर एकाधिकार क लिहले रहल, साम्राज्य के बिस्तार एशिया में मलेटरी कैंपेन द्वारा जारी रहल। हालाँकि, भूडोल में लिस्बन के तबाही, नेपोलियानी जुद्ध सभ में देस के फँस जाए आ ब्राजील के आजादी (1822) से पुर्तगाल के भारी नोकसान भइल आ बिस्व शक्ति के रूप में एकर ताकत ओतना ना रहि गइल।1910 के क्रांति के बाद इहाँ राजा के शासन के अंत भ गइल, डेमोक्रेसी वाला लेकिन अस्थिर पहिला पुर्तगाली रिपब्लिक के अस्थापना भइल आ ई आगे जा के इस्तादो नोवो नाँव के दक्खिन-पंथी सत्तावादी शासन के कब्जा में आ गइल। दोबारा लोकतंत्र के अस्थापन 1974 में कार्नेशन क्रांति के बादे जा के हो पावल आ एही से पुर्तगाली उपनिवेश के जुद्ध के अंत भी भइल। साल 1999 में जब पुर्तगाल मकाऊ के चीन के सउँप दिहलस, औपचारिक रूप से दुनिया के सभसे लमहर चले वाला उपनिवेशी साम्राज्य के अंत भइल। पुर्तगाल के सांस्कृतिक आ भवन निर्माण संबंधी वरासत पूरा दुनिया भर में देखल जा सके ला आ एकर परभाव अभिन ले पूरा ग्लोब पर देख्लाई पड़े ला; लगभग 300 मिलियन पुर्तगाली भाषा बोले वाला लोग, कई गो पुर्तगाली आधारित क्रियोल सभ एह परभाव के सभसे मजबूत सबूत के रूप में देखल जा सके ला। पुर्तगाल आ यूनाइटेड नेशंस के मेंबर बा, यूरोपियन यूनियन में शामिल बा आ नाटो, यूरोजोन आ ओईसीडी नियर समूह सभ के संस्थापक सदस्य रहल बा।

वर्तमान पुर्तगाल एगो बिकसित राष्ट्र बाटे आ हाई-इनकम आ हाई-जीवन-स्तर वाला देस हवे, सामाजिक प्रगति के मामिला में 20वाँ अस्थान पर बा आ 25वाँ सभसे समृद्ध देस बाटे। ई दुनिया के चउथा सभसे शांति वाला देस हवे पनरहवाँ सभसे सस्टेनेबल देस बाटे, शासन बेवस्था एकात्मक (यूनिटरी), अध-राष्ट्रपतीय आ रिपब्लिक बेवस्था बा। एकरे अलावे भी कई मामिला में ई दुनिया में हाई रैंक वाला देस बा, जइसे कि प्रेस के आजादी (14वाँ), एलजीबीटी अधिकार (यूरोप में 7वाँ), नैतिक आजादी में (3सरा) आ सड़क नेटवर्क के मामिला में तीसरा अस्थान पर बाटे।

फ्रांस

फ़्रांस यूरोप महादीप के पच्छिमी हिस्सा में एगो देस हवे। फ्रांस के राजधानी पैरिस हवे आ ई दुनिया के परभावशाली देसन में से एक हवे। फ्रांस देस के राज्यक्षेत्र एकरा मुख्य भूमि के अलावा बाकी कई समुंदरपार राज्यक्षेत्र आ इलाका सभ के रूप में भी बा। यूरोप में मौजूद फ्रांस के मुख्य भूमि के मेट्रोपोलिटन फ्रांस कहल जाला। ई मुख्य भूमि, भूमध्यसागर से ले के इंग्लिश चैनल आ नार्थ सागर ले, आ राइन नदी से ले के अटलांटिक महासागर तक ले बिस्तार लिहले बा। समुंदरपार इलाका में दक्खिन अमेरिका महादीप पर फ्रेंच गयाना के रूप में आ अउरी कई गो दीप सभ के रूप में बा जे अटलांटिक, प्रशांत आ हिंद महासागर में स्थित बाने। फ्रांस के कुल रकबा 6,43,801 बर्ग किलोमीटर बा आ इहाँ के कुल जनसंख्या जनवरी 2017 के अनुमान अनुसार 6.7 करोड़ रहल। राजनीतिक हिसाब से ई एकात्मक आ आधा-राष्ट्रपतीय रिपब्लिक हवे। सभसे बड़ शहर आ राजधानी पैरिस बा के सांस्कृतिक, आर्थिक आ बाणिज्य के राजधानी भी बा। अन्य प्रमुख शहर सभ में मार्सेली, लियोन, लिले, नाइस, तुलू आ बोर्दों के नाँव गिनावल जा सके ला।

कला, संस्कृति, बिज्ञान आ दर्शन के क्षेत्र में लंबा समय से फ्रांस के पूरा दुनिया में आगे गिनल जा सके लायक जगह रहल बा। ई यूरोप के चउथा सभसे ढेर यूनेस्को बिस्व धरोहर वाला देस हवे। फ्रांस में हर साल 8.3 करोड़ के आसपास पर्यटक लोग आवे ला, एह मामिला में ई दुनिया में नंबर एक पर बा। ई एगो बिकसित राष्ट्र हवे आ नामिनल जीडीपी के हिसाब से दुनिया के पाँचवाँ आ पीपीपी के हिसाब से दुनिया के नउवाँ सभसे बड़ देस हवे। समेकित हाउसहोल्ड धन के हिसाब से ई दुनिया में चउथा नंबर पर बा। शिक्षा, सेहत रखरखाव, जीवन प्रत्याशा आ मानव बिकास के मामिला में भी एकर स्थान दुनिया में ऊपर के देस सभ में बा। अबो भी फ्रांस दुनिया के एगो प्रमुख ताकत बा आ ई यूनाइटेड नेशंस के सुरक्षा काउंसिल के पाँच गो स्थाई मेंबर सभ में हऽ जेकरा लगे वीटो पावर बा आ घोषित रूप से परमाणु हथियार संपन्न देस बाटे। यूरोपियन यूनियन आ यूरोजोन के अगुआ देसन में से एक बा। G7, NATO, OECD, WTO आ La Francophonie जइसन पावरफुल अंतरराष्ट्रीय मंडली सभ के सदस्य देस बा।

ब्रेक्जिट

ब्रेक्सिट चाहे ब्रेक्जिट (अंगरेजी: Brexit; ब्रिटेन आ एक्जिट के जोड़ के बनावल) यूनाइटेड किंगडम के यूरोपियन यूनियन से बहरें निकसे के घोषणा आ कोसिस बा जे 2016 के रायशुमारी के बाद के डील हवे। यूनाइटेड किंगडम के वर्तमान परधानमंत्री टेरीज़ा मे के द्वारा प्रस्तुत एह डील के प्रस्ताव जनवरी 2019 में संसद में खारिज भ गइल। एकरे बाद एह डील के लागू होखे पर संसय बा।

यूनाइटेड किंगडम यूरोपियन यूनियन सदस्यता रायशुमारी, 2016

यूनाइटेड किंगडम यूरोपियन यूनियन सदस्यता रायशुमारी (United Kingdom European Union membership referendum), जवना के यूनाइटेड किंगडम में ईयू रिफरेंडम के नाँव से भी जानल गइल, एगो गैर-बाध्यकारी रायशुमारी रहल जवन मंगलवार, 23 जून 2016 के यूके आ जिब्राल्टर में ई जाने खातिर भइल कि देस के केतना लोग यूरोपियन यूनियन में शामिल रहल जारी रखले के पक्ष में बाटे। एह रायशुमारी के रिजल्ट ईयू के छोड़ देवे के पक्ष में रहल, जवना खातिर 51.9% वोट मिलल आ 48.1% वोट ना छोड़े के पक्ष में रहल। वोट के परिणाम यूनाइटेड किंगडम के देसवन में बिभाजित रूप से रहल आ जहाँ इंग्लैंड आ वेल्स ईयू के छोड़े के पक्ष में मतदान कइलें ओहीजा स्कॉटलैंड आ उत्तरी आयरलैंड के लोग के बहुमत शामिल रहे के पक्ष में रहल।1973 में ईईसी भा कॉमन मार्केट, जवन बाद में यूरोपियन यूनियन के नाँव से जान गइल, से जुड़े से पहिलहीं से ई बात यूनाइटेड किंगडम में बिबाद के बिसय रहल बाटे कि यूनाइटेड किंगडम के यूरोपीय यूनियन में शामिल होखे के चाहीं कि ना। ई पहिली रायशुमारी ना रहल बलुक एकरा पहिले 1975 में भी एक बेर एही मुद्दा पर रायशुमारी हो चुकल बाटे आ ओह समय 67 % वोटर लोग शामिल रहे के समर्थन कइले रहल।

यूनान

यूनान (अंगरेजी: Greece) यूरोप में एगो देस बाटे। एकर राजधानी एथेंस हवे।

यूरोप

यूरोप या योरप (अंग्रेजी:Europe) परंपरागत रूप से सात गो मानल जाए वाला महाद्वीप कुल में से एगो महाद्वीप हवे। ई यूरेशिया भूभाग की पच्छिमी ओर स्थित बा आ एशिया आ एकरी बीच पारंपरिक सीमा यूराल पर्वत के मानल जाला। यूरेशिया भूभाग की प्रायद्वीप की रूप में होखला की कारण एके प्रायद्वीपीय महाद्वीप भी कहल जाला। एकरी उत्तर में आर्कटिक महासागर, पच्छिम ओर अटलांटिक महासागर आ दक्खिन ओर भूमध्यसागर बाटे।

यूरोप क्षेत्रफल की हिसाब से बाकी महाद्वीपन में खाली आस्ट्रेलिया महाद्वीप से बड़ हवे। एकर क्षेत्रफल करीब 10,180,000 वर्ग किमी (3,930,000 वर्ग मील) बा जेवन पूरा पृथ्वी की सतह का 2% आ पृथ्वी कि जमीन वाला हिस्सा क 6.8% हवे। यूरप में करीब 50 गो देस बाड़ें जेवना में रूस सबसे बड़ बा। यूरोप की अउरी मुख्य देशन में यूनाइटेड किंगडम, फ़्रांस, जर्मनी, इटली इत्यादि बाटें। रूस क विस्तार यूरोप आ एशिया दुन्नों महाद्वीप में बाटे लेकिन सांस्कृतिक रूप से एके यूरोप क हिस्सा मानल जाला।

पश्चिमी संस्कृति का पैदाइश यूरोपे में भइल जेवन यूनान आ रोम कि प्राचीन सभ्यता, यूरोप में पुनर्जागरण आ औद्योगिक क्रांति क परिणाम हउवे। एही क्रम में यूरोप के कई गो देश दूसरी अफ्रीकी आ एशियाई देशन पर उपनिवेश स्थापित कइलें आ ए तरे यूरोप क संस्कृति पुरा दुनिया में फइल गइल।

यूरोप का ज्यादातर देश विकसित देस कि श्रेणी में आवेलें। यूरोपियन यूनियन इहँवा कई देसन क आर्थिक संघ हवे। यूरोपियन युनियन की सदस्य देसन क मुद्रा यूरो हवे।

रोम

रोम (अंगरेजी: Rome) यूरोप महादीप के एगो प्रमुख शहर आ इटली देस के राजधानी हवे। रोम राजधानी क्षेत्र के अलग कम्यून (नाँव कम्यूने दि रोमा कैपिताले) के रूप में प्रशासन बेवस्था बा आ ई इटली के लाजियो क्षेत्र के राजधानी के रूप में भी हऽ। अपना 2,874,558 निवासी लोग के साथ 1,285 किमी2 (496.1 वर्ग मील) इलाका वाला, ई कम्यून इटली के सभसे घन आ सभसे ढेर आबादी वाला कम्यून भी हवे। ई यूरोपियन यूनियन के देस सभ में चउथा सभसे बड़ शहर हवे। ई शहर मेट्रोपॉलिटन रोम के बीचोबीच वाला हिस्सा हवे आ अगर पूरा मेट्रो रोम के हिसाब में लिहल जाव तब एकर जनसंख्या करीबन 4.3 मिलियन (43 लाख) बाटे। रोम के लोकेशन इटली प्रायदीप के बिचला-पच्छिमी प्रांत के हिस्सा बा आ लाजियो के भीतर, टाइबर नदी के किनारे बसल बा। अउरी खास बात ईहो बा कि एह शहर के भितरें ईसाई धरम के केंद्र वेटिकन सिटी भी मौजूद बा जे अलगा राज्य के दर्जा वाला देस मानल जाला। एही कारण कबो-कबो रोम के दू गो देस सभ के राजधानी भी कहल जाला।

लैटविया

लैटविया (अंगरेजी: Latvia) यूरोप में एगो देस बाटे। एकर राजधानी रीगा हवे।

साइप्रस

साइप्रस (अंगरेजी: Cyprus) यूरोप में एगो देस बाटे। एकर राजधानी निकोसिया हवे।

स्लोवाकिया

स्लोवाकिया यूरोप क एगो देस हवे एकर राजधानी ब्रातिस्लावा हवे।

दुसरी भाषा में

This page is based on a Wikipedia article written by authors (here).
Text is available under the CC BY-SA 3.0 license; additional terms may apply.
Images, videos and audio are available under their respective licenses.