यूनाइटेड नेशंस

यूनाइटेड नेशंस (अंगरेजी: United Nations) देसन के सरकारन के बीच स्थापित अंतरसरकारी संस्था हवे जेकर उद्देश्य अंतर्राष्ट्रीय सहजोग हवे। एकर स्थापना दूसरा बिस्व जुद्ध के बाद लीग ऑफ नेशंस के रद्द क के भइल, तारीख 24 अक्टूबर 1945 के। स्थापना के समय एह में 51 गो देस सामिल भइलेन, अब कुल 193 देस सदस्य बाने।

Flag of the United Nations
यूनाइटेड नेशंस के झंडा

इहो देखल जाय

  • लीग ऑफ नेशंस
  • कॉमनवेल्थ
आस्ट्रेलिया

ऑस्ट्रेलिया, सरकारी तौर पर ऑस्ट्रेलियाई राष्ट्रमंडल दक्षिणी गोलार्द्ध की महाद्वीप में आवे वाला एगो देश ह जेवन दुनिया का सबसे छोटहन महाद्वीप भी हवे आ दुनिया का सबसे बड़ा द्वीप भी बा, जेवना में तस्मानिया आ कई अउरी दूसर द्वीप हिंद आ प्रशांत महासागर में बाड़ें। ऑस्ट्रेलिया एकलौता अइसन जगह बा जेवना के एक्कै साथे महाद्वीप, एगो राष्ट्र आ एगो द्वीप मानल जाला। पड़ोसी देश उत्तर में इंडोनेशिया, पूर्वी तिमोर आ पापुआ न्यू गिनी, उत्तर पूर्व में सोलोमन द्वीप, वानुअतु अउरी न्यू कैलेडोनिया आ दक्षिणपूर्व में न्यूजीलैंड बाड़ें।

इंडोनेशिया

इंडोनेशिया दक्खिन-पूरुब एशिया क एगो देश ह।

इटली

इटली (अंगरेजी: Italy) यूरोप में एगो देस बाटे। एकर राजधानी रोम हवे। भूमध्य सागर के बीचोबीच मौजूद ई देस, मुख्य रूप से प्रायदीप हवे आ एकर जमीनी बाडर फ्रांस, स्विट्जरलैंड, ऑस्ट्रिया, स्लोवेनिया, सैन मरीनो, आ वेटिकन सिटी के साथे बाद। इटली के बिस्तार लगभग 301,338 किमी2 (116,347 वर्ग मील) एरिया पर बाटे आ ई मुख्य रूप से समशीतोष्ण जलवायु वाला आ भूमध्य सागरीय जलवायु इलाका हवे। इहाँ के जनसंख्या लगभग 61 बा आ एह हिसाब से ई यूरोपियन यूनियन में चउथा आ दक्खिनी यूरोप में सभसे ढेर जनसंख्या वाला देस बाटे।

कनाडा

कनाडा या कैनेडा (अंग्रेजी:Canada) उत्तर अमेरिका महादीप में सभसे बड़हन आ बिस्व के दुसरा सभसे बड़ा देस बाटे।

चीन

चीन के जनवादी प्रजातंत्र भा खाली चीन नाम से जानल जाये वाला, पूरुब एशिया में एगो देश ह। ई विश्व में सबसे ज्यादा जनसंख्या वाला राष्ट्र ह, जहाँ 1.3 अरब लोग रहेलन। चीन चीनी कम्युनिस्ट पार्टी के द्वारा सिंगल पार्टी सिस्टम के तहत शासित बा।

जनवादी प्रजातंत्र चीन में 22 गो प्रांत, 5 गो स्वशासित क्षेत्र, 4 गो सीधे प्रशासित महानगरपालिका आ 2 गो विशेष प्रशासित क्षेत्र बा। जनवादी प्रजातंत्र चीन के राजधानी बीजिंग ह।

जॉर्जिया (देश)

जॉर्जिया (अंगरेजी: Georgia, जॉर्जियन:- საქართველო) यूरेशिया में एगो देश बा। एकरे पच्छिम में करिया सागर, उत्तर में रूस आ दक्खिन में तुर्की के घेरल बा। हेकर राजधानी तबिलिसी हटे। हेकर रकबा 69,700 वर्ग किलोमीटर बाटे आ आबादी लमसम 32 लाख ले बा।

ताइवान

ताइवान चाहे चीन गणराज्य (रिपब्लिक ऑफ चाइना) पूर्ब एशिया में एगो राज्य बा जेकरे पच्छिम आ उत्तर में चीन (पीआरसी), उत्तर पूरुब में जापान आ दक्खिन में फिलिपींस पड़ोसी देस बाने। ई यूनाइटेड नेशंस के सदस्य देस ना हवे आ अइसन सभसे ढेर जनसंख्या वाला राज्य हवे जे यूनाइटेड नेशंस में शामिल ना बा।

एह राजनीतिक इकाई में ताइवान दीप, पेंगबु, किंमेन, मात्सु आ अवरू छोट-छोट द्वीप शामिल बाड़न जौन चीन के मुख्य भूमी से दूर के पूर्वी तट पर स्थित बाने। ताइवान दीप के पहिले फारमूसा कहल जाय, 17वीं-सदी से पहिले लोकल मूल निवासी लोग दुआरा आबाद रहे। जब एह दीप पर डच आ स्पेनी लोग पहुँचल, सतरहवीं सदी के बाद इहाँ हान लोग के आवे में भारी बढ़ती भइल। एकरा बाद ई दीप किंग बंस के सासन में आइल जे चीन के अंतिम राजशाही रहल। एह बंस के शासक लोग जापान से भइल एगो जुद्ध में एह दीप के जापान के दे दिहलें। एकरा बाद चीन के मुख्य जमीन पर रिपब्लिक ऑफ चाइना (आरओसी) के स्थापना भइल; मने राजशाही खतम क के लोग के सासन वाली सरकार बनल। बाद में आरओसी एह दीप के जापान के कब्ज़ा से छोड़ा लिहलस लेकिन मुख्य जमीन पर चीन के क्रांति भइल आ सत्ता पीपल्स रिपब्लिक ऑफ चाइना, यानी के चीन (पीआरसी) के हाथ में चल गइल आ एह दीप पर चीनी रिपब्लिक के सासन बचल। ई 1971 ले यूनाइटेड नेशंस के सदस्य रहे आ एकरे बाद ई बाहर हो गइल आ चीन (पीआरसी) सामिल क लिहल गइल।

तुर्की

तुर्की चाहे टर्की (तुर्की भाषा में: तुर्किया जम्हूरिया) यूरोप आ एशिया दुनों महादीप में बिस्तार वाला एगो देस हवे। एकर राजधानी अंकारा सहर हवे आ इस्तांबुल इहाँ के सभसे बड़ सहर हवे। तुर्की के जादेतर हिस्सा पच्छिमी एशिया में पड़े ला आ अनातोलिया के नाँव से जानल जाला जबकि कुछ हिस्सा दक्खिन-पूरबी यूरोप के बाल्कन प्रायदीप के हिस्सा हवे जेकरा के थ्रेस कहल जाला। तुर्की के तीन ओर समुंद्र बाने; उत्तर में काला सागर, पच्छिम में एजियन सागर आ दक्खिन में भूमध्यसागर।

ई देस एकलौता इस्लाम बहुल देस बा जे ओअफिशियली सेकुलर बाटे।

थाइलैंड

थाइलैंड एशिया महादीप मे एगो देस बाटे जेकर राजधानी बैंकाक बाटे।

बांग्लादेश

बांग्लादेश (अंगरेजी: Bangladesh) एशिया महादीप में एगो देस बा। क्षेत्र की दृष्टि से एकर गिनती भारतीय उपमहादीप आ दक्खिनी एशिया में होले। बांग्लादेश क जनसंख्या लगभग 1,50,03,900 (बिस्व में 8वाँ अस्थान) बा आ क्षेत्रफल 1,47,570 किमी2 (विश्व में 94वाँ अस्थान)बा।

बांग्लादेश क अंतर्राष्ट्रीय सीमा तीन ओर भारत से आ सुदूर दक्खिन-पूरुब माथ पर म्याँमार से मिलेला।

बांग्लादेश अंगरेजी राज में भारते क हिस्सा रहे आ 15 अगस्त 1947 के भारत के बँटवारा के बाद ई इलाका पूरबी पाकिस्तान की रूप में अलगा हो गइल। 1971 ई. में ई पकिस्तान से आजाद हो के एगो अलगे राष्ट्र बन गइल।

बांग्लादेश में बंगाली आ उर्दू मुख्य भाषा बा।

भूटान

भूटान राजतंत्र हिमालय पर बसल दक्षिण एशिया के एगो छोट आ महत्वपूर्ण देश ह। ई देश चीन (तिब्बत) आ भारत के बीच में स्थित बा। ई देश के स्थानीय नाम द्रुक यू ह, जे का अर्थ होवेला 'ड्रैगन के देश । ई देश मुख्यतः पहाड़ी बा खाली दक्षिणी भाग में तनी सा समतल जमीन बा। सांस्कृतिक आ धार्मिक तौर से ई तिब्बत से जुड़ल बा, लेकिन भूगोलीय आ राजनीतिक परिस्थितियन के कारण वर्तमान में ई देश भारत के करीब बा।

मिस्र

मिस्र या इजिप्ट अफिरका आ एशिया दुनों महादीप में फइलल एगो देस बाटे जौना के राजधानी काहिरा बा।

म्याँमार

म्याँमार जवना क पुरान नाँव बर्मा हवे दक्खिनी एशिया मे एगो देश बा। एकर राजधानी रंगून हवे जवना के अब यांगून कहल जाला। भारत देश क पूरबी सीमा म्याँमार से मिलेले।

यमन

यमन अफ़्रीका महादीप में एगो देस बा। एकर राजधानी हवे।

रूस

रूस यूरोप क एगो देस हवे। एकर राजधानी मास्को हवे।

लिथुआनिया

लिथुआनिया यूरोप के एगो देश है , एकर राजधानी विल्ञुस बा। इ तीनो बाल्टिक देश ( लिथुआनिया, लातविया और ऍस्तोनिया) में सबसे बड़ बा।

श्री लंका

श्री लंका हिन्द महासागर में एगो द्वीपीय देश बा। एकर राजधानी कोलम्बो ह।

सउदी अरब

सउदी अरब पच्छिम एशिया में एगो देश बा। भूगोली रूप से ई अरब प्रायदीप के हिस्सा आ एह प्रायदीप के सभसे बड़हन देस हवे।

सिंगापुर

सिंगापुर एशिया महादीप में एगो देस बा।

दुसरी भाषा में

This page is based on a Wikipedia article written by authors (here).
Text is available under the CC BY-SA 3.0 license; additional terms may apply.
Images, videos and audio are available under their respective licenses.