मध्य पूरुब

मध्य पूरुब एगो भूगोलीय क्षेत्र हवे जेवन एशिया, यूरोप आ अफिरका महादीप के हिस्सन में बिस्तार लिहले बा आ एह क्षेत्र में 18 गो देस आवे लें। एकर नाँव मध्य पूरुब, यूरोप के लोग द्वारा दिहल गइल हवे आ ई यूरोप के हिसाब से बा जवन अब रूढ़ हो चुकल बा।

मध्य पूरुब में मुख्य आबादी इस्लाम धर्म के माने वाला लोग के बाटे। ई पेट्रोलियम में क्षेत्र भी हवे आ एही से एकर भूराजनीति के हिसाब से पूरा दुनिया खातिर महत्व बढ़ी जाला।

मध्य पूरुब के मुख्य हिस्सा अरब के पठार आ एकरी आसपास के चीज बाटे।

मध्य पूरुब
Middle East
हरियर रंग में मध्य पूरुब
देस 18 गो
भाषा अरबी, आरमाइक, आर्मेनियाई, अज़र्बेजानी, बलूची, यूनानी, हिब्रू, कुर्दिश, फ़ारसी, सोमाली, तुर्की
समय क्षेत्र UTC+2:00, UTC+3:00, UTC+3:30, UTC+4:00, UTC+4:30
बड़हन शहर सब
आटा

आटा अनाज, फल या जड़ के महिन बुरादा (पाउडर) ह। अनाज, फल या जड़ के मील या जाँता या ओखर में पीस/कूट के आटा प्राप्त कईल जाला। आटा से रोटी आ विभिन्न प्रकार के व्यंजन (खाये वाली चीज) बनावल जाऽला। अन्न के आटा से रोटी आ ब्रेड तैयार कईल जाऽला, जवन हमनी के रोज के खाना में शामिल बा। गेंहू के आटा ओशिनिया, यूरोप, दक्खिन अमेरिका, उत्तर अमेरिका, मध्य पूरुब, उत्तर भारत आ उत्तर अफ्रीका के संस्कृति में पावल जाऽला, जहां लोग अपन-अपन संस्कृति के हिसाब से रोटी आ पेस्ट्री (आटा से बनल मिठाई) बनावेला लोग।

काहिरा

काहिरा (अंगरेजी:Cairo, अरबी: القاهرة‎; Coptic: Ⲕⲁϩⲓⲣⲏ) मिस्र देस के राजधानी ह, आ ई मध्य पूरुब क्षेत्र में सभसे बड़हन शहर हवे। अफिरका महादीप में ई लागोस की बाद सभसे बड़का शहर हवे। पूरा दुनिया में एकर नंबर तेरहवाँ बाटे।

दुसरी भाषा में

This page is based on a Wikipedia article written by authors (here).
Text is available under the CC BY-SA 3.0 license; additional terms may apply.
Images, videos and audio are available under their respective licenses.