ब्राज़ील

ब्राज़ील चाहे ब्राजील (अंगरेजी: Federative Republic of Brazil) दक्खिन अमेरिका महादीप आ लैटिन अमेरिका दुनों के सभसे बड़ देस बाटे। एकर राजधानी ब्रासीलिया हवे। कुल 8.5 मिलियन (85 लाख) वर्ग किलोमीटर रकबा वाला ई देस 208 मिलियन जनसंख्या के साथे रकबा आ आबादी दुनों मामिला में दुनियाँ के पाँचवाँ नंबर के देस बा।

इहाँ के सभसे बड़हन शहर साओ पालो बा। ई देस मुख्य रूप से पुर्तगाली भाषा बोले वाला देसन में एक बाटे आ इहाँ बाहरी लोग के भारी आगमन के कारण ई दुनियाँ के सभसे बिबिधता भरल नृजातीय इलाका सभ में से एक गिनल जाला।

निर्देशांक: 10°S 52°W / 10°S 52°W

ब्राजील फेडरेटिव रिपब्लिक

República Federativa do Brasil  (पुर्तगाली)
 ब्राज़ील के लोकेशन (dark green) दक्खिन अमेरिका (grey) में
 ब्राज़ील के लोकेशन (dark green)

दक्खिन अमेरिका (grey) में

राजधानी ब्रासीलिया
15°47′S 47°52′W / 15.783°S 47.867°W
सभसे बड़ शहर साओ पालो
23°33′S 46°38′W / 23.550°S 46.633°W
Official language
and national language
Portuguese[1]
लोग कहाला Brazilian
रकबा
• Total
8,515,767 किमी2 (3,287,956 वर्ग मील) (5th)
• जल (%)
0.65
जनसंख्या
• 2019 अनुमान
210,147,125[2] (6th)
• Density
25/किमी2 (64.7/वर्ग मील) (200th)
जीडीपी (पीपीपी) 2019 अनुमान
• कुल
$3.524 trillion[3] (8th)
• प्रति ब्यक्ति
$16,727[3] (81st)
एचडीआइ (2017) Increase 0.759[4]
high · 79वाँ
करेंसी रील (R$) (BRL)
टाइम जोन BRT (यूटीसी−2 to −5)
• गर्मीं में (डीएसटी)
BRST (यूटीसी−2 to −5)
तारीख प्रारूप dd/mm/yyyy (CE)
ड्राइविंग दाहिने

संदर्भ

  1. "Demographics". Brazilian Government. ओरिजनल से 17 November 2011 के पुरालेखित. पहुँचतिथी 8 October 2011.
  2. Silva, Antonio Carlos Coutinho Gouvea da. "Projeções da População | Estatísticas | IBGE :: Instituto Brasileiro de Geografia e Estatística". www.ibge.gov.br (Portuguese में). पहुँचतिथी 30 August 2018.
  3. 3.0 3.1 "Report for Selected Countries and Subjects". www.imf.org. International Monetary Fund. पहुँचतिथी 1 January 2019.
  4. "2018 Human Development Report" (PDF). United Nations Development Programme. 2018. पहुँचतिथी 14 September 2018.
अमेजन जंगल

अमेज़न के बरसाती बन भा अमेजन जंगल (अंगरेजी: Amazon rainforest, अमॆजोन रेनफ़ॉरॆस्ट) दक्खिन अमेरिका के ब्राजील आ आसपास के देसन में मौजूद चाकरपतई वाले आ उष्ण कटिबंधी नम जलवायु वाले बरसाती बन हवें। ई अमेजन नदी के बेसिन में बिस्तार लिहले बाड़ें जेकरा चलते इनहन के ई नाँव पड़ल हवे। अंगरेजी में इनहन के अमेजन रेनफारेस्ट भा अमेजोनिया भी कहल जाला। अमेजन बेसिन के बिस्तार लगभग 7,000,000 किमी2 (2,700,000 वर्ग मील) रकबा पर बाटे आ एकर करीबन 5,500,000 किमी2 (2,100,000 वर्ग मील) इलाका एह बरसाती बन सभ वाला बाटे। ई इलाका कुल नौ गो देसन के सीमा में बिस्तार लिहले बाटे।

एह बरसाती बन के जादेतर हिस्सा ब्राजील देस में पड़े ला, लगभग 60% हिस्सा एही देस में बाटे, एकरे बाद पेरू देस में एकर लगभग 13% हिस्सा, कोलंबिया में 10%, आ बाकी के हिस्सा वेनेजुएला, इक्वेडोर, बोलीविया, गयाना, सूरीनाम आ फ्रांस (फ्रेंच गयाना) में बाटे। चार गो देसन में एह बन सभ खातिर "अमेजोनास" नाँव से पहिला-स्तर के प्रशासनिक बिभाग (प्रांत) बाड़ें। अमेजन के ई जंगल पूरा दुनिया में बचल बरसाती बन सभ के लगभग आधा हिस्सा बाड़ें। बरखाबन के सभसे बेसी एक साथ बिस्तार वाला ई जंगल सभसे बेसी जीवबिबिधता वाला बरखाबन हवे जहाँ एस्टीमेट के मोताबिल 390 बिलियन पेड़ बाने आ ई लगभग 16,000 प्रजातिन के बाड़ें।2019 में ब्राजील के एह जंगल सभ में भारी जंगल के आग के खबर दुनिया के सोझा आइल जब इहाँ के अंतरिक्ष रिसर्च के नेशनल इन्स्टीट्यूट (Instituto Nacional de Pesquisas Espaciais – INPE) द्वारा जानकारी दिहल गइल कि कम से कम 75,336 जंगल के आग के घटना एह साल जनवरी से अगस्त 2019 ले हो चुकल बाड़ी स, ई अबतक के रिकार्ड सभसे बेसी संख्या बाटे जबसे 2013 आइएनपीई अइसन डेटा एकट्ठा क रहल बाटे। ई आँकड़ा सैटेलाईट से लिहल तस्वीर सभ के सहारे एकट्ठा कइल जाला। धियान देवे के बात ई बा इ एह जंगल सभ के "पृथ्वी के फेफड़ा" नाँव दिहल जाला।

मैडेरिया नदी

मैडेरिया नदी (अंगरेजी: Madeira River) दक्खिन अमेरिका महादीप के एक ठो प्रमुख नदी बाटे। लगभग सवातीन हजार किलोमीटर लमहर ई नदी अमेजन के सभसे बड़हन सहायिका हवे आ लगभग 15% पानी के योगदान करे ले। ई अमेजन के जंगल सभ में एगो प्रमुख जलमार्ग भी हवे।

स्वतंत्र आ स्वायत्त देशन के सूची

इ स्वायत्त देशन के सूची आप के विश्व के स्वायत्त राज्य के अवलोकन दिखाई, इ सूची में उ देश के स्थिती आ उ देश के पहिचान (स्वायत्ता) दर्शावल गईल बा।

संयुक्त राष्ट्र के सदस्यता प्रणाली पर इ सूची में 206 गो देश के तीन श्रेणी में रखल गईल बा: 193 सदस्य राज्य, दूई गो पर्यवेक्षक राज्य, आ 11 गो अन्य राज्य। संप्रभुता विवाद स्तम्भ में उ राज्यन के दिखावल गईल बा जवना के संप्रभुता पर विवाद चल रहल बा। (190 गो राज्यन) के संप्रभुता पर कउनो विवाद नईखे आ (16 गो राज्यन) पर विवाद चल रहल बा।

दुसरी भाषा में

This page is based on a Wikipedia article written by authors (here).
Text is available under the CC BY-SA 3.0 license; additional terms may apply.
Images, videos and audio are available under their respective licenses.