नगरपालिका

नगरपालिका जइसन की नाम से पता चल रहल बा, नगर या शहर खातिर आमतौर पर एगो निकाय ह। ई शहर के स्थानीय निकाय होखेला, निकाय के पास स्वशासन या अधिकार क्षेत्र के शक्ति हो सकेला। ई शक्ति देश (केंद्र) या राज्य द्वारा प्रदान करल गईल हो सकत बा। नगरपालिका के पास छोट-मोट ग्रामीण क्षेत्र, कस्बा आदि के खुद में शामिल करे के शक्ति हो सकेला।

नगरपालिका के कई वर्ग में परिभाषित करल जा सकत बा। परिभाषित करे खातिर जनसंख्या, क्षेत्रफल, इंफ्रास्ट्रक्चर आदि के देखल जाला।[1] [2]

नगरपालिका के कुछ मुख्य वर्गीकरण:

विशाल नगरपालिका

विशाल नगर या मेगा सिटी (अंगरेजी: Megacity) बहुते बड़हन शहर ह, आमतौर पर अहिजा के महानगरीय जनसंख्या एक करोड़ या उ से अधिक होखेला[3][4] सटीक परिभाषा कुछ अलग-अलग हो सकत बा: संयुक्त राष्ट्र आर्थिक अउर सामाजिक मामिला विभाग के 2014 के "विश्व शहरीकरण संभावना" रिपोर्ट में अइसन शहरी क्षेत्र के गिनती करल गइल बा जेकर जनसंख्या 1 करोड़ से अधिका बा।[5] यूनिवर्सिटी ऑफ बोन के एगो रिपोर्ट में परिभाषित करल गइल बा कि इ शहर कुल आमतौर पर महानगर ह जेकर जनसंख्या 1 करोड़ या उ से अधिका बा।[6] कुछ अन्य संस्था सभ भी सूची जारी कइले बाड़ी सन जे में संतोषजनक मानदंड 50 लाख या 80 लाख बा आ जनसंख्या घनत्व 2,000 प्रति वर्ग किमी बा।[7] एगो विशाल नगर के फैलाव एगो या दुगो या तीनगो या उ से अधिक महानगर तक हो सकत बा। 2 करोड़ से अधिक के जनसंख्या वाला महानगर के मेटासिटी कहे के चलन भी बाटे।[7]

Skyscrapers of Shinjuku 2009 January
मेगासिटी टोक्यो
रैंक मेगासिटी देश महाद्वीप जनसंख्या
1 टोक्यो जापान एशिया 38,140,000[8]
2 शंघाई चीन एशिया 34,000,000[9]
3 जकार्ता इंडोनेशिया एशिया 31,500,000[10]
4 दिल्ली भारत एशिया 27,200,000[11]
5 सीओल उत्तरी कोरिया एशिया 25,600,000[12]
6 ग्वांगजौ चीन एशिया 25,000,000[9]
7 बीजिंग चीन एशिया 24,900,000[9]
8 मनिला फिलीपींस एशिया 24,100,000[11]
9 मुम्बई भारत एशिया 23,900,000[11]
10 न्यूयॉर्क संयुक्त राष्ट्र अमेरिका उत्तरी अमेरिका 23,876,155[13]

महानगरपालिका

महानगरीय क्षेत्र भा मेट्रोपॉलिटन क्षेत्र (अंगरेजी: Metropolitan area) भा मेट्रो एरिया या खाली मेट्रो (Metro) के नाँव से जानल जाए वाला क्षेत्र अइसन शहरी क्षेत्र होला जहाँ एक ठो कोर एरिया के आलावा शहर के आसपास के अइसन क्षेत्र, मोहल्ला, उपनगर नियर इलाका सभ के शामिल कइल जाला जवन आर्थिक आ व्यावसायिक रूप से मुख्य शहर (कोर एरिया) से अभिन्न रूप से जुड़ल होखे।[14][15][16]

हर संस्था के महानगर के परिभाषा में कुछ अंतर हो सकेला। भारत में एगो महानगर के जनसंख्या लगभग 10 लाख से ऊपर होखेला,[17]वहीं नेपाल में 3 लाख से अधिक के जनसंख्या वाला शहर के महानगर कहल जाले।[18]

उपमहानगरपालिका

==नगरपालिका (नगर परिषद

इहो देखल जाय

संदर्भ

  1. "Definition of municipality". www.merriam-webster.com. पहुँचतिथी 1 February 2018.
  2. "Definition of municipality". www.yourdictionary.com. पहुँचतिथी 1 February 2018.
  3. "Definition of megacity in English". Oxford Dictionaries. पहुँचतिथी 27 मार्च 2018.
  4. "megacity Meaning in the Cambridge English Dictionary". dictionary.cambridge.org (English में). पहुँचतिथी 27 मार्च 2018.
  5. "World Urbanization Prospects, The 2014 Revision" (PDF). UN DESA. 1 July 2015. प. 16.
  6. Kötter, Theo; Friesecke, Frank (1 मार्च 2009). "Developing urban Indicators for Managing Mega Cities". बिस्व बैंक. University of Bonn.
  7. 7.0 7.1 "Land Use and Land Use Change". seos-project.eu. पहुँचतिथी मार्च 26, 2018.
  8. उद्धरण खराबी:Invalid <ref> tag; no text was provided for refs named UN WUP 2016
  9. 9.0 9.1 9.2 OECD Urban Policy Reviews: China 2015, OECD READ edition. OECD iLibrary (English में). OECD. 18 April 2015. प. 37. doi:10.1787/9789264230040-en. ISBN 9789264230033. ISSN 2306-9341.Linked from the OECD here
  10. "Jakarta Population 2014". World Population Review. पहुँचतिथी जनवरी 13, 2015.
  11. 11.0 11.1 11.2 "The Principal Agglomerations of the World". citypopulation.de. पहुँचतिथी 8 December 2017.
  12. http://www.yonhapnews.co.kr/bulletin/2016/09/07/0200000000AKR20160907086600002.HTML?input=1195m
  13. "Annual Estimates of the Resident Population: April 1, 2010 to July 1, 2017 – United States – Combined Statistical Area; and for Puerto Rico - 2017 Population Estimates". United States Census Bureau. पहुँचतिथी अप्रैल 27, 2018.
  14. "Metropolitan | Define Metropolitan at". Dictionary.com. पहुँचतिथी 2016-08-03.
  15. https://www2.census.gov/geo/pdfs/reference/GARM/Ch13GARM.pdf
  16. "Metropolitan and Micropolitan Statistical Areas Main - People and Households - U.S. Census Bureau". Census.gov. पहुँचतिथी 2016-08-03.
  17. "Metropolitan Cities of India" (PDF). Central Pollution Control Board. National Informatics Centre. प. 3. ओरिजनल (PDF) से 23 September 2015 के पुरालेखित. पहुँचतिथी 28 July 2014.
  18. "परिमार्जित कार्यशर्त तथा कार्यविधि (मापदण्ड सहित): स्थानीय तह पुनर्संरचना प्राविधिक सहयोग समितिको परिमार्जित कार्यनिर्देश शर्त (ToR) तथा कार्यविधि" (PDF). www.llrc.gov.np. Border assessment commission of Rural/Urban area, special protected area and autonomous region. पहुँचतिथी 10 September 2018.
इलाम, नेपाल

इलाम भा ईलाम, नेपाल के एही नाँव के जिला के मुख्यालय आ एगो नगरपालिका बा।

उदयपुर जिला, नेपाल

उदयपुर जिला नेपाल के प्रदेश संख्या १ के 14 जिला सभ में से एगो ह। ई जिला के मुख्यालय त्रियुगा नगरपालिका/गाइघाट में स्थित बा। जिला के कुल क्षेत्रफल 2,063 किमी² बा आ 2011 के जनगणना के हिसाब से जिला के जनसंख्या 317,532 बा।

उदयपुर जिला उत्तर में महाभारत श्रृंखला से घेराइल बा, त दखिन ओर शिवालिक के पहाड़ी श्रृंखला से घेराइल बा, पछिम ओरी दुनो पहाड़ी श्रृंखला आके मिल गईल बा जे से ई क्षेत्र एगो घाटी के रूप धऽ लेवेला, एहि से ई उदयपुर घाटी के नाम से भी जानल जाऽला। जिला के पूर्वी छोर पर कोशी नदी जिला के पूर्बी सिमा तय करेला। उदयपुर के भीतरी तराई क्षेत्र में गिनल जाऽला। जिला के मुख्यालय त्रियुगा नगरपालिका में स्थित बा जवन त्रियुगा नदी के किनारे बसल बा। एहि नदी के नाम से ई शहर/नगरपालिका के नाम त्रियुगा नगरपालिका पड़ल। त्रियुगा नगरपालिका के गाइघाट नाम से भी जानल जाऽला।

कल्यानपुर, सिराहा

कल्यानपुर नगरपालिका, नेपाल के सिराहा जिला में एगो नगरपालिका बा। ई नगरपालिका में 12 गो वार्ड बा। एह नगरपालिका के कुल जनसंख्या 49,288 बा आ क्षेत्रफल 76.81 वर्गकिलोमीटर बाटे।

नेपाल में नेपालके नया 744 स्थानीय प्रशासनिक इकाई लागू भइला के बाद से सिराहा जिला के पहिले के अर्नमा प्र•रा, चतरी, ईटारी परसाही, विष्णुपुर प्र•रा, चिकना, भोक्राहा, भेडिया मझौलिया, डुमरी आ कल्याणपुर जब्दी गाँव विकास समिति सभ के मिला के कल्याणपुर नगरपालिका बनल ह।

एकर केंद्र पहिले के कल्यानपुर जब्दी गाविस के कार्यालय मे राखल गइल बा। एह नगरपालिका के उत्तर मे मिर्चैया नगरपालिका, कर्जन्हा नगरपालिका दक्खिन मे सिराहा नगरपालिका पुरब मे विष्णुपुर गांवपालिका, सिराहा, नरहा गांवपालिका आ पश्चिम मे धनुषा जिला बाड़ें।

केपिलासगढ़ी

केपिलासगढी गाँवपालिका, नेपाल के खोटाँग जिला में एगो गाँवपालिका बा। ई गाँवपालिका में 7 गो वार्ड बा। एह गाँवपालिका के कुल जनसंख्या 15,288 बा आ क्षेत्रफल 191.28 वर्गकिलोमीटर बाटे।

नेपाल में नेपालके नया 744 स्थानीय प्रशासनिक इकाई लागू भइला के बाद से खोटाँग जिला के पहिले के फेदी, खार्तम्छा, बास्पानी, बाक्सिला, सप्तेश्वर, दिप्सुंग आ सुंगदेल गाँव विकास समिति सभ के मिला के केपिलासगढी गाँवपालिका बनल ह।एकर केंद्र पहिले के बाक्सिला गाँवपालिका के कार्यालय मे राखल गइल बा। एह गाँवपालिका के उत्तर मे सोलुखुम्बु जिला दक्खिन मे रुपाकोट मझुवागढी नगरपालिका पुरब मे भोजपुर जिला आ पश्चिम मे एसेलुखर्क गाँवपालिका बाड़ें।

गाँवपालिका

गाँवपालिका (नेपाली: गाउँपालिका) नेपाल में स्थानिय प्रशासनिक इकाई बा। नेपाल में पहिले के गाँव विकास समिति (गाविस) के रूप में स्थानीय इकाई रहल, बाकी बाद में कई गो गाविस सभ के आपस मिला के नया इकाई के रूप में गाँवपालिका सभ के गठन कइल गइल बा। गाँवपालिका सभ के बिभाजन वार्ड में कइल गइल बा आ एक ठो गाँवपालिका में में 5 से 9 गो वार्ड संख्या हो सकत बा।वि.सं .2073 में नेपाल के संघीय मामिला आ स्थानीय विकास मंत्रालय 744 स्थानीय तह के मंजूरी दिहलस। एह मंजूरी के बाद गाविस के हटाके कुल 479 गाँवपालिका बनावल गइल। | 2074 साल मे 35 गो गाँवपालिका के नगरपालिका में मिला दिहल गईल ई से पहिले 463 गो गाँवपालिका रहे। और महानगरपालिका थपेला से 460 गो गाँवपालिका रहल ।

चौदंडीगढ़ी

चौदण्डीगढ़ी नेपाल के प्रदेश संख्या १ के उदयपुर जिला के 4 गो नगरपालिका में से एगो ह। 2011 के जनगणना के हिसाब से एकर कुल जनसंख्या 48,574 बा आ कुल क्षेत्रफल 283,78 किमी² बा। एकर मुख्यालय बेलटार (पहिले के बेलटार-बसाहा नगरपालिका के कार्यालय) में बा।

ई नगरपालिका के निर्माण पहिले के बेलटार-बसाहा नगरपालिका में कुछ गाविस के मिला के 10 मार्च 2017 के भईल।

ई नगरपालिका के पूरब में बेलका नगरपालिका, पच्छिम में त्रियुगा नगरपालिका, उत्तर में खोटाँग जिला आ भोजपुर जिला आ दक्खिन में सुनसरी जिला बा। नगरपालिका के मेयर के पद पर निर्मल कुमार राई आ उपमेयर के पद पर रीता चौधरी बानी।

त्रियुगा

त्रियुगा या गाईघाट नेपाल के सगरमाथा अंचल के उदयपुर जिला में एक ठो नगरपालिका बाटे।

दमक

दमक नेपाल के प्रदेश संख्या 1 के झापा जिला में एगो नगरपालिका बा। नेपाल में नाया 744 स्थानीय प्रशासनिक इकाई लागू भइला के बाद से पुरनका समय के दमक नगरपालिका के अइसहीं बिना कौनों बदलाव के राखल गइल। एह नगरपालिका के अब कुल 10 वार्ड में बाँटल गइल बा। नगरपालिका के कुल जनसंख्या 75,102 बा आ कुल रकबा 70.86 वर्ग किलोमीटर बाटे।

दोलखा जिला

दोलखा जिला नेपाल देस के प्रदेश संख्या 3 में एगो जिला बाटे। ई उत्तरी सीमा पर मौजूद जिला हवे आ पहाड़ी इलाका हवे। एह जिला के सदरमोकाम चरिकोट नाँव के अस्थान बा।

दोलखा जिला में कुल सात गो गाँवपालिका आ दू गो नगरपालिका बाड़ी सऽ। हिमालय परबत के गौरीशंकर हिमाल श्रेणी एह जिला में पड़े ला।

धनकुटा

धनकुटा नेपाल के प्रदेश संख्या 1 के धनकुटा जिला के 3 गो नगरपालिका सभ में से एक ह।

नेपाल के गाँवपालिका सभ के लिस्ट

नेपाल के संघीय मामिला आ स्थानीय प्रशासन मंत्रालय द्वारा प्रकाशित गांवपालिका सभ के सूची।

"गांवपालिका" सिस्टम 2017 में गठित भइल रहल जवन पहिले के गाँव विकास समिति जवन 1990 में गठित भइल रहे के रद्द कईला के बाद भइल रहल।

नेपाल के नगरपालिका सभ के लिस्ट

नेपाल में कुल मिला के वर्तमान में 753 स्थानीय निकाय बाड़ी सभ जे में से 6 गो निकाय के महानगरपालिका, 11 गो के उपमहानगरपालिका आ 276 गो के नगरपालिका के सूची में सूचीकृत करल गइल बाटे। ई तरीका से कुल मिला के नेपाल में 293 गो नगर-निकाय बाड़ी सभ। दूसर 460 गो अन्य स्थानीय ग्रामीण-निकाय बाड़ी सभ जे के गाउँपालिका (गाँवपालिका) कहल जाले।

अगस्त 2017 से पहिले नेपाल में कुल 744 स्थानीय निकाय रहली सभ, जे में बढ़ोतरी करल गइल, 9 गो स्थानीय निकाय प्रदेश संख्या 2 में जोड़ल गइल। ई तरीका से अब नेपाल में 753 स्थानीय निकाय हो गइल बा। 2014 से पहिले तक नेपाल में कुल 58 गो नगर-निकाय रहली सभ। 72 गो नगर-निकाय के स्थापना मई 2014 में आ 61 गो नगर निकाय के स्थापना ओहि साल दिसम्बर में भइल। 26 गो नगर-निकाय सितम्बर 2015 में आ अन्य दूसर 46 गो नगर निकाय मार्च 2017 में घोषित करल गइल।

प्रदेश संख्या 1

प्रदेश संख्या १ नेपाल के सात गो प्रदेश सभ में से एगो ह। २० सितम्बर २०१५ के लागू भइल संविधान में नया सात गो प्रदेश सभ के प्रावधान बा। इ प्रदेश के नामांकन प्रदेश संसद (विधान परिषद) द्वारा करल जाई। एकर राजधानी कहाँ होखी इहो प्रदेश संसद द्वारा निर्धारित करल जाई।

इ प्रदेश के पूर्व में भारत के सिक्किम राज्य बा आ साथ में पश्चिम बंगाल के उत्तरी हिस्सा दार्जीलिंग सटल बा। उत्तर में हिमालय के ओह पार तिब्बत स्थित बा त दक्षिण में भारत के बिहार स्थित बा।

25,905 वर्ग किमी में फैलल क्षेत्र में पर्वतीय हिस्सा 10,438 किमी2 जगह छेंकले बा। पहाड़ी हिस्सा 10,749 किमी2 जगह छेंकले बा त पूर्वी तराई क्षेत्र 4,718 किमी2 के जगह छेंकले बा।

निर्वाचन क्षेत्र सीमांकन आयोग (CDC) के रिपोर्ट के हिसाब से प्रदेश संख्या १ में फर्स्ट पास्ट द पोस्ट निर्वाचन प्रणाली के तहत 28 गो संसदीय सीट आ 56 गो प्रादेशिक सीट बा। 17 जनवरी 2018 के भईल मंत्रिमंडल के मीटिंग में विराटनगर के प्रदेश संख्या १ के अंतरिम राजधानी आ गोविंद सुब्बा के गवर्नर घोषित कइल गईल बा। 2011 के जनगणना के हिसाब से लगभग 45 लाख लोग ई प्रदेश में निवास करेला लोग, जेकर घनत्व 175.6 प्रति वर्ग किमी बा।

फुंगलिंग

फुंगलिंग, जेकरा पुरान नाँव ताप्लेजुंग रहल, नेपाल के ताप्लेजुंग जिला में एगो नगरपालिका बा आ एह जिला के सदरमुकाम, मने कि मुख्यालय, भी बा।

बेलका

बेलका नेपाल के प्रदेश संख्या 1 के उदयपुर जिला में एगो नगरपालिका बा। एकर अस्थापना 10 मार्च 2015 के भइल। एह नगरपालिका के कुल रकबा 339 वर्ग किलोमीटर (131 वर्ग मील) आ 2011 के जनगणना अनुसार कुल जनसंख्या 42,386 रहल। एकर मुख्यालय रामपुर थोकसिला में बा।

Tapeshwari, Rampur Thoksila, Mainamaini and Katunjebawala villages merged to form this municipality.

भोजपुर जिला, नेपाल

भोजपुर जिला नेपाल के प्रदेश प्रदेश संख्या 1 के 14 गो जिला सभ में से एगो ह। ई जिला के क्षेत्रफल 1,507 किमी² बाटे। 2011 के जनगणना के हिसाब से ई जिला के जनसंख्या 182,459 बाटे।

मेचीनगर

मेचीनगर नेपाल के प्रदेश संख्या 1 के झापा जिला में एगो नगरपालिका बा। नेपाल में नाया 744 स्थानीय प्रशासनिक इकाई लागू भइला के बाद से मेचीनगर के नगरपालिका आ पुरनका समय के ज्यामिरगढ़ी, धाईजन, बाहुनडांगी, आ दुवागढ़ी गाँव बिकास समीति (गाविस) सभ के मिला दिहल गइल आ एह वर्तमान नगरपालिका के स्थापना भइल। एह नगरपालिका के अब कुल 15 वार्ड में बाँटल गइल बा। नगरपालिका के कुल जनसंख्या 1,11,797 बा आ कुल रकबा 192.85 वर्ग किलोमीटर बाटे।

सिराहा जिला

सिराहा जिला नेपाल के प्रदेश संख्या २ के 8 गो जिला सभ में से एगो जिला बा, जबकि नेपाल देस में कुल अइसन 75 गो जिला बाड़ें। एह जिला के मुख्यालय (सदरमोकाम) सिराहा नगरपालिका बाटे आ जिला के क्षेत्रफल 1,228 किमी² बाटे। साल 2011 के जनगणना के हिसाब से एह जिला के कुल जनसंख्या 6,37,328 बाटे। जिला के भूगोलीय लोकेशन नेपाल के दक्खिन-पूरबी इलाका में बा आ एह जिला के दक्खिनी सीमा भारतीय राज्य बिहार के साथे जुड़े ला। नेपाल के पुराना प्रशासनिक बिभाजन ब्यवस्था में ई जिला पूर्वांचल विकास क्षेत्र के सगरमाथा अंचल में पड़े।

हलेसी तुवाचुंग

हलेसी तुवाचुँग नगरपालिका, नेपाल के खोटाँग जिला में एगो नगरपालिका बा। ई नगरपालिका में 11 गो वार्ड बा। एह नगरपालिका के कुल जनसंख्या 29,532 बा आ क्षेत्रफल 280.17 वर्गकिलोमीटर बाटे।

नेपाल में नेपालके नया 744 स्थानीय प्रशासनिक इकाई लागू भइला के बाद से खोटाँग जिला के पहिले के अर्खौले, च्यास्मीटार, डिकुवा, दुर्छिम, धितुँग, बडहरे, बाहुनीडाँडा, महादेवस्थान, मंगलटार, सल्ले आ राजापानी गाँव विकास समिति सभ के मिला के हलेसी तुवाचुँग नगरपालिका बनल ह।एकर केंद्र पहिले के 'दुर्छिम गाविस के कार्यालय मे राखल गइल बा। एह नगरपालिका के उत्तर मे ओखलढुँगा जिला आ लामिडाँडा गाँवपालिका दक्खिन मे उदयपुर जिला पुरब मे रुपाकोट मझुवागढी नगरपालिका आ पश्चिम मे ओखलढुँगा जिला आ उदयपुर जिला बाड़ें।

दुसरी भाषा में

This page is based on a Wikipedia article written by authors (here).
Text is available under the CC BY-SA 3.0 license; additional terms may apply.
Images, videos and audio are available under their respective licenses.