जनसंख्या

जनसंख्या जीव जंतु के कौनों भी प्रजाति के सगरी सदस्यन के गिनती के कहल जाला।[1][2] आम बोलचाल की भाषा में एकर मतलब होला कवनों इलाका में निवास करे वाला सगरी मनुष्य।

जनसंख्या के गिनती कइले के जनगणना कहल जाला। अलग-अलग देस में ई अलग-अलग समय बिता के होला। भारत में ई हर दस साल पर होला, पाछिली बेर 2011 में जनगणना भइल रहे। एह समय भारत क कुल जनसंख्या 1,210,569,573 बाटे (2011 की जनगणना की हिसाब से)।[3]

Population density
1994 में दुनिया में मनुस्य जनसंख्या क बितरण
Population density key
निशान

जनगणना

जनगणना मने होला कौनों भी क्षेत्र में एगो प्रजाति वाला सभ परानिन के गिनती कइल। आमतौर पर एकर उपयोग आदमिन की गिनती खातिर कइल जाला बाकी ई एगो ब्यापक शब्द बाटे आ अउरी दूसरी परानिन की गिनती खातिर भी इस्तेमाल होला।

इहो देखल जाय

संदर्भ

  1. "Population". Biology Online. पहुँचतिथी 17 जनवरी 2015.
  2. "Definition of population (biology)". Oxford Dictionaries. Oxford University Press. पहुँचतिथी 17 जनवरी 2015. a community of animals, plants, or humans among whose members interbreeding occurs
  3. "India at Glance - Population Census 2011". Census Organization of India. 2011. पहुँचतिथी 17 जनवरी 2015.
अमेरिका

यूनाइटेड स्टेट्स ऑफ अमेरिका, (अंगरेजी: United States of America) या बस अमेरिका की नाँव से परसिद्ध, उत्तर अमेरिका महादीप के एगो देस बा। एकर राजधानी वाशिंगटन डी॰सी॰ बा। अमेरिका एक ठो संबैधानिक फेडरल रिपब्लिक हवे जेह में 50 गो राज्य, एक ठो फेडरल डिस्ट्रिक्ट, पाँच गो प्रमुख खुदशासित राज्यक्षेत्र आ अन्य कई गो अधिकारक्षेत्र सामिल बाड़ें। पचास गो में से अड़तालीस राज्य एक साथ एकट्ठा बाने जिनहन से मुख्य भूमि बनल बा, कनाडा के दक्खिन आ मैक्सिको के उत्तर में ई अमेरिकी मुख्य भूमि स्थित बाटे। उत्तर अमेरिकी महादीप के उत्तरी पच्छिमी कोना पर अलास्का राज्य बा जेकर पूरबी सीमा कनाडा से बनल बा आ पच्छिम ओर बेरिंग जलजोड़ के ओह पार रूस से सीमा बने ला। प्रशांत महासागर के बीच में दीपसमूह के रूप में हवाई राज्य मौजूद बा।

अन्य राज्य क्षेत्र सभ प्रशांत महासागर आ कैरीबियन सागर में मौजूद बाने। यूऍस के राज्यक्षेत्र कुल नौ ठो टाइम जोन में बिस्तार लिहले बाटे। देस के भूगोल, जलवायु आ जियाजंतु में बहुत ढेर बिबिधता बाटे।

38 लाख बर्गमील (98 किमी2) रकबा आ 32 करोड़ जनसंख्या वाला ई देस दुनिया के चउथा सभसे बड़ देस इलाका के हिसाब से, आ तीसरा सबसे बड़ देस जनसंख्या के हिसाब से बा। जातीयता के दृष्टि से ई दुनिया के सभसे ढेर एथनिक बीबिधता वाला देस भी बा आ दुनिया के सभसे ढेर इमीग्रेंट लोग वाला देस भी बाटे। शहरीकरण, सन 2010 में 80% पहुँच गइल आ अभिन ले मेगारीजन के रूप में बिस्तार ले रहल बाटे। देस के राजधानी वाशिंगटन डीसी हवे आ सभसे बड़ शहर न्यूयार्क सिटी हऽ। पचास लाख से ढेर निवासी वाला एनी शहर सभ में लॉस एंजलिस, शिकागो, सैन फ्रांसिस्को, बोस्टन, डलास, फिलाडेल्फिया, ह्यूस्टन, मियामी, आ अटलांटा बाड़ें।

उत्तर अमेरिका में मनुष्य के आबादी कम से कम 15,000 साल पहिले भइल जब एशिया से मंगोलाइड प्रजाति के लोग इहाँ प्रवास क के पहुँचल।

16वीं सदी में यूरोपियन उपनिवेश बने सुरू भइल। वर्तमान युनाइटेड स्टेट्स के उत्पत्ती 13 ब्रिटिश उपनिवेश सभ से भइल जे पूरबी किनारा पर बसल रहलें। ग्रेट ब्रिटेन आ उपनिवेश सभ के बीच कई ठे बिबाद के कारण सात साला जुद्ध आ एकरे बाद अमेरिकी क्रांति भइल।

1775 में सुरू भइल अमेरिकी क्रांति के परिणाम के रूप में 4 जुलाई 1776 के तेरहो उपनिवेश सभ के प्रतिनिधि लोग आजादी के घोषणापत्र पर दसखत कइल, जबकि लड़ाई जारी रहल आ 1783 में ग्रेट ब्रिटेन द्वारा युनाइटेड स्टेट्स के आजादी स्वीकार कइल गइल। ई कौनों यूरोपियन उपनिवेश साम्राज्य के बिरुद्ध पहिला सफल लड़ाई रहल।

वर्तमान संबिधान के 1788 में अंगीकार कइल गइल। पहिला दस गो संसोधन, जिनहन के बिल ऑफ राइट्स कहल जाला, 1791 में पास भइल आ मूल नागरिक आजादी के गारंटी भइल।

उत्तर अमेरिका में बिस्तार के कार्यक्रम पुरा 19वीं सदी भर जारी रहल आ अमेरिकन इंडियन जनजाति के लोग के बिस्थापन आ नया राज्यक्षेत्र के अधिग्रहण 1848 तक ले चलल जबले की ई पूरा महादीप ले बिस्तार वाला ना हो गइल। उनईसवीं सदी के बाद के आधा हिस्सा में, अमेरिकी सिविल वार एह देस में कानूनी दास प्रथा के खतम कइलस।

एह सदी के अंत ले युनाइटेड स्टेट्स के सीमा प्रशांत महासागर ले चहुँप गइल आ एकर अर्थब्यवस्था, औद्योगिक क्रांति के नतीजा के रूप में तेजी से बढ़ल। स्पेनी-अमेरिकी जुद्ध आ पहिला बिस्व जुद्ध में ई देस बैस्विक मलेटरी ताकत के रूप में सोझा आइल। दुसरका बिस्व जुद्ध के बाद, परमाणु हथियार बनावे वाला पहिला देस, ए हथियार के इस्तेमाल करे वाला एकलौता देस आ युनाइटेड नेशंस सिक्योरिटी काउंसिल के स्थाई मेंबर के रूप में ई देसदुनिया में सुपरपावर के रूप में स्थापित हो गइल। 1991 में शीत जुद्ध के समापन के बाद जब सोवियत यूनियन के विघटन हो गइल, अमेरिका एकलौता सुपरपावर बचल।

युनाइटेड स्टेट्स एगो बहुत बिकसित देस बा, नॉमिनल जीडीपी के हिसाब से दुनिया के सभसे बड़ आ पीपीपी के हिसाब से दुनिया के दुसरा नंबर के अर्थब्यवस्था बाटे। समाजार्थिक परफार्मेंस के कई ठो माप के हिसाब से ई दुनियाँ में ऊपर के देसन में गिनल जाला। पोस्ट-इंडस्ट्रियल अर्थब्यवस्था होखले के कारण इहाँ सेवा क्षेत्र के बिस्तार आ ज्ञान आधारित अर्थब्यवस्था होखले के बावजूद इहाँ के मैन्यूफैक्चरिंग क्षेत्र दुनिया में दुसरा सभसे बड़ बाटे। इहाँ के जनसंख्या, पुरा दुनिया के जनसंख्या के खाली 4.3% बा बाकी ई दुनिया के जीडीपी के चउथाई हिस्सा वाला देस, आ दुनिया भर के मलेटरी खर्चा के एक तिहाई से ढेर खर्चा करे वाला देस बाटे जेकरा कारन ई दुनिया के सभसे आगे के अर्थब्यवस्था आ मलेटरी पावर बाटे। अमेरिका एक ठो परभावशाली सांस्कृतिक आ राजनीतिक ताकत बा आ बिज्ञान आ टेक्नोलॉजी के क्षेत्र में भी अगुआ ताकत के रूप में बिस्व में स्थापित बा।

आंध्र प्रदेश

आंध्र प्रदेश भारत के 29 राज्य सब में से एगो राज्य बा। भारत के दक्खिन-पूरबी हिस्सा में मौजूद एह राज्य के रकबा लगभग 162,970 किमी2 (62,920 वर्ग मील) बाटे आ एह तरीका से ई भारत के आठवाँ सभसे बड़हन राज्य बा। साल 2011 में भइल जनगणना के हिसाब से इहाँ के कुल आबादी 49,386,799 बा आ जनसंख्या अनुसार ई भारत के 10वाँ राज्य बाटे। एह राज्य के सभसे ढेर जनसंख्या वाला शहर विशाखापट्टनम बा।

तारीख 2 जून 2014 के आंध्र प्रदेश के उत्तर-पच्छिमी हिस्सा एकरा से बिलग क दिहल गइल आ ओकरा के तेलंगाना नाँव से नाया राज्य बनावल गइल; लंबा समय से राजधानी रहल हैदराबाद शहर भूगोलीय रूप से तेलंगाना के भीतर आवे के कारन ओही में रह गइल हालाँकि, आंध्र प्रदेश पुनर्गठन एक्ट, 2014 के अनुसार ई बेवस्था कइल गइल कि कम से कम दस साल खाती आंध्र प्रदेश के कार्यकारी राजधानी हैदराबादे रही। नई, वास्तविक राजधानी जे नदी के तीरे बिकसित कइल जा रहल बा अमरावती के नाँव से बा आ आंध्र प्रदेश राजधानी बिकास क्षेत्र (APCRDA) के अधीन बाटेआंध्र प्रदेश समुंद्र के किनारे मौजूद राज्य हवे आ एकर तटरेखा 974 किमी (605 मील) के लगभग लंबाई वाली बा – गुजरात के बाद भारत में एह मामिला में एकर दुसरा नमर बाटे – आ करीबन 15,000 किमी2 जलक्षेत्र एकरे राज्यक्षेत्र के हिस्सा हवे। आंध्र प्रदेश के सीमा तेलंगाना से उत्तर-पच्छिम में, छत्तीसगढ़ आ ओडिशा से उत्तर-पूरुब में, पच्छिम में कर्नाटक से आ दक्खिन में तमिल नाडु से सटे ला आ एकरे पूरुब ओर बंगाल के खाड़ी बाटे। केंद्र शासित प्रदेश पुद्दुचेरी के एगो हिस्सा यनम एह राज्य के अंदर एन्क्लेव के रूप में बा आ काकीनाड़ा क्षेत्र में गोदावरी डेल्टा के इलाका में बा।

उत्तर प्रदेश

उत्तर प्रदेश या यूपी भारत क सभसे ढेर जनसंख्या वाला राज्य आ दुनिया में सभसे ढेर जनसंख्या वाला देस-उपबिभाग बाटे। भारतीय उपमहादीप के उत्तरी-बिचला इलाक में पड़े वाला एह राज्य के कुल आबादी लगभग 200 मिलियन (2 अरब) बाटे। लखनऊ एह राज्य के राजधानी हवे।

ब्रिटिश शासन के दौरान 1 अप्रैल 1937 के यूनाइटेड प्रोविंस के नाँव से ई प्रदेश के रूप में बनावल गइल आ आजादी के बाद 1950 में एकर नाँव बदल के उत्तर प्रदेश रखाइल। 9 नवंबर 2000 के एह राज्य से उत्तरी पहाड़ी इलाका के अलग क के उत्तरांचल (अब उत्तराखंड) राज्य बनल। वर्तमान में, प्रशासन खातिर ई अठारह गो मंडल आ 75 जिला में बिभाजित कइल गइल बा।

भूगोलीय रूप से ई राज्य गंगा के मैदान के सपाट हिस्सा में स्थित बा आ इहाँ उष्णकटिबंधीय मानसूनी जलवायु पावल जाले। राज्य के पछिम ओर राजस्थान; उत्तर-पच्छिम में हरियाणा, दिल्ली आ हिमाचल प्रदेश; उत्तर में उत्तराखंड आ नेपाल; पूरुब ओर बिहार आ दक्खिन ओर मध्य प्रदेश बाड़ें; जबकि एकदम दक्खिन-पूरुब के छोर पर एकर कुछ सीमा झारखंड आ छत्तीसगढ़ के साथ भी सटल बा। कुल 243,290 बर्ग किलोमीटर (93,933 बर्गमील) रकबा वाला ई राज्य भारत के 7.33% भाग हवे आ चउथा सबसे बड़ राज्य भी हवे।

अर्थब्यवस्था के आकार के मामिला में ई भारत के तीसरा सभसे बड़ राज्य बा जहाँ जीडीपी ₹9,763 बिलियन (US$150 बिलियन) बाटे। खेती आ सर्विस क्षेत्र प्रमुख आर्थिक कामकाज बाड़ें; सर्विस सेक्टर में परिवहन, पर्यटन, होटल, अचल संपत्ति, इंशोरेंस आ फाइनेंस संबंधी चीज सामिल बाटे। गाजियाबाद, बुलंदशहर, कानपुर, गोरखपुर, इलाहाबाद, भदोही, रायबरेली, मुरादाबाद, बरेली, अलीगढ़, सोनभद्र, आ बनारस एह राज्य में औद्योगिक रूप से महत्व वाला शहर बाने।

प्राचीन आ मध्य्कालीन दौर में उत्तर प्रदेश ताकतवर राज सभ के भूमि रहल बा। इहाँ प्राकृतिक आ इतिहासी पर्यटन के कई जगह बा जइसे की आगरा, बनारस, कौशांबी, बलियाँ, श्रावस्ती, गोरखपुर, कुशीनगर, लखनऊ, इलाहाबाद इत्यादि। धार्मिक रूप से हिंदू धर्म के सबसे प्रमुख शाखा वैष्णव मत के दू गो अवतार राम आ कृष्ण एही राज्य में पैदा भइल बतावल जालें आ अजोध्या आ मथुरा प्रसिद्ध धार्मिक तीर्थ हवें। गंगा के तीरे बसल बनारस आ गंगा आ यमुना नदी के संगम पर मौजूद इलाहाबाद के हिंदू धरम में बहुत महत्व बा। दूर उत्तर-पूरुब कोना पर मौजूद गोरखपुर नाथ सम्प्रदाय के संस्थापक गोरखनाथ के भूमि मानल जाले।

एशिया

एशिया (/ˈeɪʒə, ˈeɪʃə/) धरती के सभसे बड़हन आ सभसे ढेर जनसंख्या वाला महादीप हऽ, मुख्य रूप से उत्तरी आ पूरबी गोलार्धन में पड़े ला, यूरोप के साथे मिल के दुनो के यूरेशिया कहल जाला आ अफिरका के साथे मिला के बनल क्षेत्र एफ्रो-एशिया के नाँव से जानल जाला। एशिया के कुल क्षेत्र बिस्तार 44,579,000 वर्ग किलोमीटर (17,212,000 वर्ग मील) बा जे पृथ्वी के कुल जमीनी हिस्सा के लगभग 30% हिस्सा बा आ पूरा धरती के सतह के क्षेत्रफल के 8.7% बाटे। ई महादीप, बहुत पुराना समय से मानवीय जनसंख्या के निवास अस्थान रहल बा, आ दुनिया के कई गो सुरुआती सभ्यता सभ के जनमभूँइ हवे। ई महादीप खाली अपना बड़हन बिस्तार आ ढेर खा जनसंख्ये खातिर ना जानल जाला बलुक इहाँ कई गो बहुत घन बसल इलाका भी बाने आ कई गो बिसाल इलाका जहाँ बहुत बिरल जनसंख्या बसाव बाटे। एशिया के कुल जनसंख्या लगभग 4.4 बिलियन बाटे।

एकरा बिसाल साइज आ बिस्तार के अउरी इहाँ मौजूद बिबिधता के धियान में राखल जाय तब एशिया के संकल्पना (कांसेप्ट) — मने कि एगो नाँव जे पुराना जमाना से चलन में बा — वास्तव में मानव भूगोल के संकल्पना ढेर बुझाला, न कि भौतिक भूगोल के। एशिया अपना भूगोलीय क्षेत्र सभ के स्तर पर जातीय समूह, संस्कृति, पर्यावरण, अर्थब्यवस्था, इतिहासी संबंध आ शासन के सिस्टम सभ के मामिला में बहुते बिबिधता वाला महादीप ह। इहाँ के जलवायु में भी बहुते भारी बिबिधता बा, जहाँ एक ओर मध्य पूरब के इलाका बा जे गरमी में खूब गरम प्रदेश हो जाला तहाँ महादीपीय जलवायु के नमूना के रूप में साइबेरिया भी बा जहाँ जाड़ा में तापमान बहुते नीचे गिर जाला।

कोलकाता

कोलकाता (पुरान नाँव कलकत्ता) भारत देस के पच्छिम बंगाल राज्य क राजधानी हऽ। हुगली नदी के पूरबी तीरे पर बसल ई शहर आर्थिक, ब्यापारिक आ सांस्कृतिक हिसाब से बहुत महत्व वाला शहर ह आ पूरबी भारत के सभसे बड़ शहर भी हवे; कलकत्ता बंदरगाह भारत के सभसे पुरान अभिन ले चालू बंदरगाह हवे आ अपना तरह के अकेल बंदरगाह हऽ जे नदी के सहारे बाटे। शहर के "सांस्कृतिक राजधानी" मानल जाला आ अंगरेजी में एकर "सिटी ऑफ ज्वाय" (आनंद के नगर) के रूप में परसिद्धी बा। साल 2011 के जनगणना के आँकड़ा अनुसार, कोलकाता शहर के कुल जनसंख्या 4.5 मिलियन (45 लाख) रहल, जबकि एकरा उपशहरी इलाका सभ के सामिल कइ के कुल जनसंख्या 14.1 मिलियन (141 लाख) रहल, एह हिसाब से ई भारत के तिसरा सभसे ढेर जनसंख्या वाला शहर बा। हाल के अनुमान सभ के मोताबिक कोलकाता मेट्रो एरिया के अर्थब्यवस्था के आकार $60 से $150 बिलियन (परचेजिंग पावर पैरिटी खाती जीडीपी के एडजस्ट कइ के) बाटे जेकरा चलते ई शहर मुंबई आ दिल्ली के बाद भारत के तिसरहा सभसे बड़ आर्थिक केंद्र भी बा।सत्रहवीं सदी ईसवी की अंत में कलकत्ता नाँव से अस्थापित ई शहर अंग्रेजन की समय में (सन 1911 ई. से पहिले ले) पूरा भारत क राजधानी रहे। एही से एकर इतिहास आ संस्कृति की हिसाब से बहुत महत्व बा। कलकत्ता बंदरगाह भारत क सबसे पुरान बंदरगाह हवे। आर्थिक आ ब्यापारिक दृष्टि से सबसे बड़ शहर रहला से इहाँ रोजी-रोजगार खातिर पुरा भारत से लोग आवे आ उत्तर प्रदेश आ बिहार की भोजपुरिहा इलाका क लोग ए में प्रमुख रहे। लोकगीत आ किस्सा-कहानी की जरिये कलकत्ता से भोजपुरिया संस्कृति क जुड़ाव आजु ले महसूस कइल जा सकेला।

चीन

चीन के जनवादी प्रजातंत्र भा खाली चीन नाम से जानल जाये वाला, पूरुब एशिया में एगो देश ह। ई विश्व में सबसे ज्यादा जनसंख्या वाला राष्ट्र ह, जहाँ 1.3 अरब लोग रहेलन। चीन चीनी कम्युनिस्ट पार्टी के द्वारा सिंगल पार्टी सिस्टम के तहत शासित बा।

जनवादी प्रजातंत्र चीन में 22 गो प्रांत, 5 गो स्वशासित क्षेत्र, 4 गो सीधे प्रशासित महानगरपालिका आ 2 गो विशेष प्रशासित क्षेत्र बा। जनवादी प्रजातंत्र चीन के राजधानी बीजिंग ह।

झारखंड

झारखंड भारत के 28 राज्यन में से एगो राज्य ह आ एकर राजधानी राँची में बा। ई इलाका पहिले बिहार राज्य के हिस्सा रहल आ 15 नवंबर 2000 में एकरा के अलग राज्य के दर्जा दिहल गइल। पठारी आ पहाड़ी इलाका आ बन-संपदा से भरपूर ई क्षेत्र खास तौर से अपना खनिज संसाधन सभ खाती जानल जाला आ एही कारन इहाँ कई गो खनिज आधारित उद्योग भी बाड़ें; एकरा बावजूद बिकास के मामिला में ई राज्य पिछड़ल बाटे।

झारखंड राज्य के कुल रकबा 79,714 वर्ग किलोमीटर बाटे आ ई भारत के पूरबी हिस्सा में पड़े वाला राज्य हवे। एकरे उत्तर में बिहार, पूरुब ओर पच्छिम बंगाल, दक्खिन में उड़ीसा राज्य आ पच्छिम ओर छत्तीसगढ़ आ कुछ सीमा उत्तर प्रदेश के साथे लागे ला। भारत के भौतिक बिभाजन अनुसार ई इलाका पूरबी पठार के हवे जेह में कैमूर श्रेणी से ले के छोटा नागपुर के पठार के इलाका आवे ला। उत्तर के हिस्सा के नदी सभ गंगा थाला के नदी बाड़ीं स आ दक्खिन से उत्तर के ओर बहे लीं जबकि दक्खिनी हिस्सा के अपवाह पूरुब ओर के बा। जलवायु मानसूनी हवे, साल में चार महीना बरखा के होला जे जून से सितंबर ले होला। माटी बहुत उपजाऊँ ना हवे बाकी बनस्पति के मामिला में धनी राज्य हवे।

झारखंड के कुल जनसंख्या, साल 2011 के जनगणना अनुसार, 32,988,134 रहल। इहाँ के काफी सारा लोग आदिवासी समुदाय से हवे आ उद्योग के चलते बाहरी जगह के लोग भी इहाँ के शहर सभ में भारी संख्या में मिले लें। राजधानी राँची, धनबाद आ जमशेदपुर एह राज्य के प्रमुख शहर हवें।

दिल्ली

दिल्ली या दिल्ली राष्ट्रीय राजधानी क्षेत्र (NTC) भारत के राजधानी आ संघ राज्य क्षेत्र हवे। दिल्ली के तीन ओर से हरियाणा आ पूरुब में उत्तर प्रदेश से बाडर बने ला। साल 2011 के जनगणना के आँकड़ा अनुसार, प्रापर दिल्ली शहर के कुल जनसंख्या 110 लाख (11 मिलियन) से बेसी रहल, मने कि भारत में मुंबई के बाद एकर दुसरा नमर रहल; पूरा एनटीसी के जनसँख्या लगभग 168 लाख रहल। दिल्ली के शहरी इलाका अब अउरी बिस्तार वाला परिभाषा के साथे देखल जा रहल बा आ फरीदाबाद, गुड़गांव, नोएडा आ गाजियाबाद नियर इलाका सभ के राष्ट्रिय राजधानी क्षेत्र (एनसीआर) के रूप में साल 2016 में अनुमानित जनसंख्या 23 मिलियन से बेसी रहल। एह परिभाषा के हिसाब से, यूनाइटेड नेशंस एकरा के दुनिया के दुसरा सभसे बड़ शहरी इलाका मान रहल बा। 2016 के आर्थिक स्थिति के अनुमान सभ के आधार पर ई भारत के या त सभसे बेसी या फिर दुसरा नमर के सभसे ढेर उत्पादक मेट्रो एरिया बाटे। ई भारत में दुसरा सभसे धनी शहर भी बा, मुंबई के बाद, इहाँ कुल धन $450 बिलियन आँकल गइल बा आ एह शहर में 18 गो बिलियनायर आ 23,000 मिलियनायर लोग निवास करत बा।

नेपाल

नेपाल संविधान के हिसाब से आधिकारिक रूप से संघिय लोकतांत्रिक गणतंत्र नेपाल कहल जायेला, इ दक्षिण एशिया में एगो भूपरिवेष्ठित या स्थलरुद्ध हिमालयी राष्ट्र ह। नेपाल भूगोलीय रूप से एगो सुन्दर देश ह। नेपाल एगो बहुभाषिक, बहुसांस्कृतिक देश ह। नेपाल में नेपाली भाषा के आलावा हिंदी, भोजपुरी, मगही, थारु, मैथिली, अवधी आदि भाषा भी बोलल जायेला। नेपाल के भूगोलीय अवस्थिती अक्षांश 26 डिग्री 22 मिनट से 30 डिग्री 27 मिनट उत्तर और 80 डिग्री 4 मिनट से 88 डिग्री 12 मिनट पूर्वी देशान्तर तक फैलल बा। इ देश के कुल क्षेत्रफल 1,47,181 वर्ग किमी बा। इ क्षेत्रफल पृथ्वी के कुल क्षेत्रफल के हिसाब से 0.03% अउर एशिया महाद्वीप के हिसाब से 0.3% बा । लन्दन स्थित ग्रीनवीच मिनटाइम से पूर्वतर्फ रहला के कारण गौरीशंकर हिमालय नजदिक होके गईल 86 डिग्री 15 मिनेट पूर्वी देशान्तर के आधार पर नेपाल के प्रमाणिक समय 5 घण्टा 45 मिनट रखल गईल बा।

नेपाल के पूर्वी सीमा से पश्चिमी सीमा तक नेपाल के कुल लंबाई 885 कि.मि बा अउर उत्तर से दक्षिण के चौड़ाई एक बराबर नइखे। नेपाल के पूर्वी हिस्सा के अपेक्षा पश्चिमी हिस्सा अधिक चौड़ा बा वैसे मध्य भाग तनिक सिकुड़ल बा अर्थात एकर अधिकतम चौड़ाई 241 किमी आ न्युनतम चौड़ाई 145 किमी बा। ए प्रकार से नेपाल के औसत चौड़ाई 193 किमी बा। नेपाल के उत्तर में चीन के स्वशासित क्षेत्र तिब्बत पड़ेला आ दक्षिण, पूरब आ पश्चिम तीन तरफ से भारत पड़ेला। नेपाल के 85% से अधिक नागरिक हिन्दू धर्म मानेला लोग। इ प्रतिशत भारत के प्रतिशत से अधिक बा, एही से नेपाल विश्व के सबसे अधिक प्रतिशत हिन्दू धर्म माने वालन के देश ह। एगो छोट देश नेपाल के भूगोलीय विविधता बहुत उल्लेखनीय बा। अहिजा तराई के उष्ण फाँट बा त हिमालय के खूब ठंडा क्षेत्र भी अवस्थित बा। संसार के सबसे ऊँच 14 गो शिखर में से आठ गो ऊँच शिखर नेपाल में पड़ेला, जे में संसार के सबसे ऊँच शिखर एवेरेस्ट (जे के नेपाली भाषा में सगरमाथा कहल जायेला) नेपाल आ चीन के सीमा पर स्थित बा। नेपाल के राजधानी आ सब से बड़ शहर काठमांडू ह। काठमांडू, ललितपुर आ भक्तपुर इ तीन गो शहर कुल काठमांडू घाटी में पड़ेला। नेपाल के अन्य प्रमुख शहरन में बा भरतपुर, बिराटनगर, भैरहवा, वीरगञ्ज, जनकपुर, पोखरा, नेपालगञ्ज आ महेन्द्रनगर।

एगो राजतंत्र के रूप में, इतिहास में इ देश पर शाह राजवंश सब से अधिक समय तक शासन कइले बा - 1768 (जवना घड़ी पृथ्वीनारायण शाह छोट छोट राज्यन के एकीकृत करे के शुरू कइलन) से लेकर के 2008 तक।

नेपाल के कम्युनिस्ट पार्टी द्वारा एक सदी तक कइल गईल जन युद्ध, लगभग नेपाल के सब बड़हन पार्टी द्वारा कई सप्ताह तक चलल आंदोलन राजा के झुके पर मजबूर कर दिहलस आ 22 नवम्बर 2005 के 12 बिंदु पर सहमति खातिर राजा के तैयार होखे के पड़ल। 28 मई 2008 के नेपाल में प्रथम संबिधान सभा खातिर चुनाव भइल जे में लोग के मत रहल की राजतंत्र के खतम कर के बहुपार्टी प्रणाली के अन्तगर्त संघीय लोकतांत्रिक गणतंत्र के स्थापना होखे।

लगातार नेता कुल के कलह के कारण पहिलका संबिधान सभा के चुनाव के बाद भी संबिधान ना बन पावल आ तारीख खतम हो गईल। 2013 में फेर दूसरा हाली मतदान भइल आ देर सबेर संबिधान बन गइल। 20 सितम्बर 2015 के नयका संविधान बनला के साथ लागू हो गईल।

नेपाल एगो विकाशसिल देश ह जहाँ बहुत कम आर्थिक आय बा, मानव विकास सूचकांक के 2014 के रिपोर्ट के अनुसार नेपाल के न्यूनतम आय दर नेपाल के 187 गो देश में से नेपाल के 145वां स्थान पर रखत बा। इ देश लगातार गरीबी आ उच्च स्तर के खाना के कमी से लड़ रहल बा। एतना कुछ के बावजूद भी इ देश तनी विकास दर में सुधार लईले बा, अहिजा के सरकार के कहनाम बा की साल 2022 तक देश के कम से कम विकसित राष्ट्र बना लियाई।

नेपाल के प्रदेश सभ

२० सितंबर २०१५ के जारी भइल संविधान के हिसाब से नेपाल के भारतीय राज्य प्रणाली के जइसने सात गो राज्य (प्रदेश) में हिस्सा कऽ दिहल गइल बा।

संविधान के धारा २९५ (ख) के अनुसार प्रदेशन के नामकरण संबंधित प्रदेश के संसद (विधान सभा) में दु तिहाई बहुमत से होखे के प्रावधान बा।

प्रतापगढ़ जिला

प्रतापगढ़ जिला उत्तर प्रदेश की इलाहाबाद मंडल में एगो जिला बाटे जौना के मुख्यालय प्रतापगढ़ बा।

बिहार

बिहार भारत के एगो राज्य ह, जवन कि उत्तरी आ पूरबी भारत में स्थित बा,ई 94,163 किमी2 (36,357 वर्ग मील) क्षेत्रफल वाला राज्य भारत के तेरहवाँ सबसे बड़ राज्य ह आ जनसंख्या के हिसाब से भारतीय राज्यन में तिसरा नंबर पर बा। बिहार राज्य के सीमा पश्चिम में उत्तर प्रदेश आ उत्तर में नेपाल से सटल बा जबकि पुरुब ओर पच्छिम बंगाल आ दक्खिन में झारखंड से सटल बाटे। बिहार एगो मैदानी राज्य ह, बिहार के मैदान में पच्छिम से पुरुब बहे वाली गंगा नदी एकरा के दू हिस्सा में बाँटे ली। सांस्कृतिक रूप से बिहार के चार गो क्षेत्रन में बाँटल जाला, अंगिका, मगध, मिथिला आ भोजपुर।15 नवंबर 2000 दक्खिनी बिहार के दक्खिनी हिस्सा के अलग क के झारखंड राज्य बनावल गइल। बिहार के खाली भर 11.3% जनसंख्या शहर में रहे ले, एह मामिला में भारत में बिहार सभसे नीचे बा (हिमाचल प्रदेश के छोड़ के)। एकरे अलावा लगभग 58% जनसंख्या 25 बरिस से कम उमिर के बा आ भारत के अन्य राज्यन के तुलना में बिहार कमउमिर लोग के अनुपात के मामिला में सभसे उपर बा। बिहार के आधिकारिक भाषा हिंदी आ उर्दू बाड़ी सऽ। अन्य प्रचलित भाषा सभ में अंगिका,भोजपुरी, मैथिली, मगही बाड़ी सऽ हालाँकि, सराकरी तौर पर खाली मैथिलि के भाषा के दर्जा मानल जाला।प्राचीन काल में बिहार के सत्ता, शक्ति, अध्ययन आ संस्कृति के केंद्र मानल जाय। मगध में भारत के पहिला साम्राज्य, मौर्य साम्राज्य, के उदय भइल आ दुनिया के प्रसिद्ध धर्म, बौद्ध धर्म के प्रवर्तक गौतम बुद्ध के कर्मभूमि भी बिहार रहल। मौर्य आ गुप्त बंस के शासन के दौरान मगध साम्राज्य दक्खिनी एशिया के ज्यादातर हिस्सा के एक ठो केन्द्रीय सत्ता में बान्हे के काम कइलस। बिहार के अन्य क्षेत्र मिथिला प्राचीन काल में विदेह राज के हिस्सा रहल आ ब्राह्मण लोग के ज्ञान खातिर आ अध्ययन केंद्र के रूप में परसिद्ध रहल।1970 के दशक के बाद से बिहार सामाजिक आर्थिक बिकास के मामिला में अन्य भारतीय राज्य सभ से बहुत पाछे छूटत गइल। कई ठे अर्थशास्त्री आ सामाजिक बिग्यानी लोग एकर कारन के रूप में केंद्र सरकार के नीति के देखेला, उदाहरण खातिर, भाड़ा बराबरी के नीति, जवना के तहत भारत में कहीं भी उद्योग लगावे के उद्देश्य राखल गइल आ केंद्र सरकार कच्चा माल आ खनिज के ढोवाई में सब्सिडी दे जेकरे कारण एह इलाका सभ में उद्योग ला लाग पावल। एकरे अलावा केंद्र सरकार के उपेक्षा, बिहारी लोग के अंदर एकता के भावना के कमी, आ 1793 में ब्रिटिश ईस्ट इंडिया कंपनी द्वारा लागू कइल गइल इस्तमरारी बंदोबस्त, जेवना में जमींदारी प्रथा के जामीन के राजस्व वसूली कइल जाले, नियर कारण गिनावल जालें। हालाँकि, अब के सरकार बिहार के बिकास के क्षेत्र में तेजी से काम कइले बाटे। शासन ब्यवस्था में सुधार के बाद इहाँ इन्फ्रास्ट्रक्चर के क्षेत्र में निवेश में बढ़ती देखल गइल बा, स्वास्थ सुबिधा पहिले से बेहतर भइल बा, शिक्षा पर जोर बढ़ल बा, आ अपराध आ भ्रष्टाचार में कमी आइल बा।

भारत

भारत (अंगरेजी: India), चाहे सरकारी रूप से भारत गणराज्य (रिपब्लिक ऑफ़ इंडिया), दक्खिनी एशिया में एगो देश बा। प्राचीन भारतीय साहित्य में एकरा के जम्बूद्वीप, आर्यावर्त, आ अजनाभदेशो कहल गइल बा। भारत, भूगोलीय क्षेत्रफल के हिसाब से विश्व के सातवाँ सबसे बड़हन अउरी जनसंख्या के हिसाब से चीन की बाद दुसरका सबसे बड़ देश बाटे। 2011 के भारतीय जनगणना के हिसाब से इहाँ के कुल जनसंख्या 1.2 अरब बाटे।

भारत के उत्तर में हिमालय पहाड़, दक्खिन में हिन्द महासागर, पच्छिम में अरब सागर आ पूरुब ओर बंगाल के खाड़ी बाटे।

भारत के जमीनी सीमा जेवन देशन की संघे साझा बा उनहन में पच्छिम में पाकिस्तान, अफ़ग़ानिस्तान, उत्तर-पूरब में चीन, नेपाल, आ भूटान अउरी पूरुब ओर बांग्लादेश आ म्याँमार देश बाड़ें। हिन्द महासागर में एकरी दक्खिन-पश्चिम में मालदीव, दक्खिन में श्री लंका अउर दक्खिन-पूरब में इंडोनेशिया हऽ।

हिमालय से निकले वाली नद्दी कुल के ले आवल निक्षेप से उत्तरी भारत के मैदान बनल बा जेवन बहुत ऊपजाऊ बा।

एही मैदान क पच्छिमी तटीय हिस्सा विश्व के सबसे पुरान सभ्यता सिन्धु घाटी सभ्यता के जनम भइल हऽ आ एही उत्तर भारत के मैदान में विश्व के चार गो प्रमुख धर्म:हिंदू, बौद्ध, जैन अउरी सिख धर्म जनम लिहलन अउर विकसित भइलें।

गंगा नदी भारत के राष्ट्रीय नदी बाटे जेवन इहाँ के संस्कृति में बहुत पबित्र मानल जाले।

जहाँ तक भारत के लोगन के सवाल बा जनसंख्या के हिसाब से ई विश्व के सबसे बड़हन लोकतंत्र हऽ। इहवाँ संसदीय प्रणाली के आधार प शासन चलेला आ देश के मुखिया राष्ट्रपति होलें लेकिन परधानमंत्री सभसे शक्तिशाली पद होला।

1991 ई. मे आर्थिक सुधार की बाद भारत के अर्थव्यवस्था में तेज़ वृद्धि देखल गइल बा। भारत नामिक जी॰डी॰पी॰ के अनुसार बिस्व में दसवां सबसे बड़हन आ पी॰पी॰पी॰ की हिसाब से दुनिया में तीसरी सबसे बड़हन अर्थव्यवस्था हऽ।

भारतीय संस्कृति के सभसे मुख्य बिसेसता बा एकर बहुरंगी रूप। भारत में बहुत प्रकार के जाति, प्रजाति आ धर्म के लोग बाटे आ भारत के एक क्षेत्र से दूसरा क्षेत्र में खान-पान, रहन-सहन जइसन चीजन में बहुत अंतर देखे के मिलेला। एकरा बावजूद भारतीय संस्कृति के एगो अलग पहचान बा। अंग्रेज लोग भारत के एही भूगोलिक आ सांस्कृतिक विविधता के देख के ए के एगो उप-महाद्वीप के लोग हालाँकि अब भारतीय एकता आ अखंडता क समर्थक ए शब्द क प्रयोग ना कइल चाहेला लोग।

भारत के भूगोल

भारत में बिबिध प्राकृतिक आ मानवीय चीजन के जगह भा क्षेत्र अनुसार बितरण, यानी कि भारत के भूगोल, हर तरह से बहुत विविधता वाला बाटे। एशिया महादीप के दक्खिनी हिस्सा में मौजूद भारत देस, क्षेत्रफल के हिसाब से बिस्व में सातवाँ आ जनसंख्या की हिसाब से दूसरा सभसे बड़हन देस हवे।

भारत के उत्तर में हिमालय के बहुते ऊँच पहाड़ बाटे आ दक्खिन में प्रायद्वीप वाला हिस्सा में ऊबड़-खाबड़ पठार मिलेला। इन्हन की बिचा में उत्तरी भारत के मैदान बा जेवन एगो समतल जमीन हवे। दूनो समुद्र की किनारे पर किनारे के मैदान बाड़ें, जिनहन के समुद्र तटीय मैदान कहल जाला। एह देस में जलवायु में भी बहुत बिबिधता बा; एक ओर राजस्थान में बहुत गर्मी आ जाड़ा दूनो पड़ेला आ बरखा एकदम्मे कम होला त ओही जा दूसरी ओर चेरापूंजी के गिनती विश्व के सबसे ढेर बरखा वाला जगह सभ में होले। पुरा भारत में जुलाई से अक्टूबर ले मानसून के बरखा होले जबकि पच्छिमी हिमालय आ तमिलनाडु की समुंद्र की किनारे वाला हिस्सा में जाड़ा में बरखा होले।

जनसंख्या के हिसाब से भी एक इलाका से दुसरे इलाका के बिचा में बहुत अंतर पावल जाला। मैदानी हिस्सा में जनसंख्या के धनत्व ढेर बा जबकि पहाड़ी आ पठारी इलाकन में बहुत कम जनसंख्या पावल जाले। अलग-अलग प्रदेश में विकास के स्थिति भी बहुत विभिन्नता लिहले मिलेला।

महाराष्ट्र

महाराष्ट्र भारत के 28 राज्य में से एगो ह। ई के राजधानी मुंबई में स्थित बा। महाराष्ट्र भारत क एगो राज्य ह जवन की भारत की दक्षिण मध्य में स्थित बा। एकर गिनती भारत की सबसे धनी राज्यन में होला। एकर राजधानी मुंबई ह जेके भारत क सबसे बड़ शहर और देश क आर्थिक राजधानी की रूप में भी जानल जाला। और एइजा क पुणे शहर के भी भारत की बड़ा महानगरन में गिनल जाला।

महाराष्ट्र क जनसंख्या सन 2011 में 11,23,72,972 रहे, विश्व में सिर्फ़ ग्यारह ऐसन देश बान स जेकर जनसंख्या महाराष्ट्र से ज़्यादा बा। ए राज्य क निर्माण 1 मई 1960 के मराठी भाषी लोगन की माँग पर कइल गइल रहे। एइजा मराठी ज्यादा बोलल जाला। पुणे, औरंगाबाद, कोल्हापूर, नाशिक और नागपुर महाराष्ट्र क अन्य मुख्य शहर हंव स।

प्राचीन और मध्यकालीन महाराष्ट्र में सतावना वंश, राष्ट्रकूट वंश, पश्चिमी चालुक्य, मुगल और मराठा साम्राज्य भी शामिल रह न स। 1,18,809 वर्ग मील (3,07,710 किमी) में फैलल, इ राज्य अरब सागर और कर्नाटक, तेलंगाना, गोवा, गुजरात, छत्तीसगढ़, मध्य प्रदेश और दादरा और नगर हवेली से पश्चिम की तरफ बा। राज्य क प्रमुख नदी गोदावरी और कृष्णा हई स। महाराष्ट्र, मध्य प्रदेश और गुजरात की बीच सीमा की निकट नर्मदा और ताप्ती नदी प्रवाहित होली स। महाराष्ट्र भारत में दूसरा सबसे शहरीकृत राज्य ह। राज्य में पंढरपुर, देहु और आलंदी, शेगांव सहित कईगो लोकप्रिय हिंदू तीर्थस्थल बान स। भारत और अन्य हिस्सन से तीर्थयात्री लोगन के आकर्षित करे वाला अन्य स्थान में नांदेड़ में हजूर साहिब गुरुद्वारा, शिर्डी में साई बाबा मंदिर और नागपुर में दीक्षाभूमि शामिल बा।

महाराष्ट्र सबसे धनी और भारत की सबसे विकसित राज्यन में से एगो ह, जवन देश की औद्योगिक उत्पादन क 25% और एकर जीडीपी (2010-11) में 23.2% योगदान देला।

लिंगानुपात

मानव बिज्ञान आ जनसंख्या बिज्ञान, में लिंगानुपात कौनों जगह के जनसंख्या में आदमी आ औरत सभ के संख्या के अनुपात होला। अधिकतर जीव सभ नियर मनुष्य में भी ई अनुपात 1:1 के होला। पुरा दुनिया में देखल जाय त 107 लड़िका आ 100 लइकी के अनुपात जनम के समय होला, हालाँकि, ई संख्या बैज्ञानिकलोग के मंडली में बिबाद के बिसय भी बाटे। पुरा दुनिया के कुल आँकड़ा देखल जाय तब 100 औरत पर 101 आदमी के अनुपात पावल जाला, आ लगभग 0.1 % से 1.7 % आबादी बीच के लिंग वाला लोग के बाटे (ई परिभाषा पर निर्भर करे ला)।भारत में लिंगानुपात प्रति 1000 पुरुष पर औरतन के संख्या के रूप में बतावल जाला आ साल 2011 के जनगणना के हिसाब से ई 940 बाटे (मतलब 1000 पुरुष पर 940 औरत)।

अलग-अलग क्षेत्र में ई आँकड़ा में काफी अंतर भी देखे के मिले ला। चित्र में पुरा दुनिया के नक्शा में एही के देखावल गइल बाटे।

शहर

शहर बड़हन आकार के मानव आबादी वाला जगह होला। शहरन में कई प्रकार के सुविधा उपलब्ध रहेला, आवागामन-यातायात के साधन के साथ साथ बजार, सिनेमा हॉल, अस्पताल, कॉलेज, बैंक आदी सब कुछ के सुविधा उपलब्ध रहेला। इहे कारण बा कि गाँव के अपेक्षा शहर में बेसी लोग रहेला। बेसी लोगन के रहे खातिर ऊँच-ऊँच भवन, घुमे फिरे खातिर पार्क नियर चीज सभ रहेला।

इतिहासी रूप से, दुनियाँ के बहुत कम्मे आबादी शहर में निवास करत रहल बा, हालाँकि, पछिला दू सदी में शाहीकरण अतना तेजी से भइल बा कि अब बिस्व के लगभग आधा से बेसी जनसंख्या शहरन में निवास करत बा। एह घटना के बिबिध परभाव सभ में बैस्विक सस्टेनबिलिटी पर दबाव भी एगो प्रमुख चिंता के बिसय बाटे। आज्काल्ह के शहर सभ में आमतौर पर में शहर भा कोर एरिया, मेट्रो एरिया आ आसपास के कम्यूटर जोन होला। आसपास के लोग रोजगार से ले के बिबिध मकसद से शहरन के ओर खिंचाव महसूस क्र रहल बा आ शहर में बस रहल बा। बैस्वीकरण के एह जुग में आ कम्युनिकेशन के साधन देख के इहो देखल जा रहल बा कि शहर सभ आपस में बहुत ऊँच डिग्री तक कनेक्टिविटी वाला हो चुकल बाड़ें।

दिल्ली, मुंबई, कोलकाता, चेन्नई, बंगलौर (बंगलुरु) आ हैदराबाद नियर कुछ शहर भारत देस के प्रमुख शहर सभ में गिनल जालें।

साक्षरता दर

साक्षरता दर कौनों क्षेत्र में कुल जनसंख्या में साक्षर लोगन के प्रतिशत के कहल जाला।

दुसरी भाषा में

This page is based on a Wikipedia article written by authors (here).
Text is available under the CC BY-SA 3.0 license; additional terms may apply.
Images, videos and audio are available under their respective licenses.